[the_ad_group id="30365"]

सर्जना न्यास के टीम बनवलस विश्व रिकॉर्ड, बनवले रहे सबसे बड़ यरवदा चरखा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • भोजपुरी चित्रकला से सुसज्जित यरवदा चरखा बनवलस विश्व किर्तिमान, हावर्ड वल्ड रेकॉर्ड, लंदन में दर्ज।
  • सर्जना न्यास का टीम ने बनवलस विश्व रिकॉर्ड, भोजपुर में गाँधी कार्यक्रम के दौरान बनल रहे सबसे बड़ यरवदा चरखा हावर्ड वल्ड रेकॉर्ड, लंदन में दर्ज।

भोजपुर के चित्रकार आ सर्जना न्यास के अध्यक्ष संजीव सिन्हा दुनिया के सबसे बड़ यारवादा चरखा बना इतिहास में आपन नाव दर्ज करवले बाड़े। ई न्यास आ चित्रकार संजीव खातिर ना बलुक भोजपुर जिला, राज्य आ देसो ला गर्व के पल बा।


मालूम होखे कि पिछला बरिस सर्जना न्यास द्वारा आयोजित भोजपुर में गांधी शताब्दी समारोह कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल रहे जवन कइयन गो चरण में लगभग चार महीना ले अलग-अलग कार्यकम के आयोजन के संगे चलल रहे। महात्मा गाँधी के भोजपुर आगमन के शताब्दी वर्ष के एह आयोजन में बापू से जुड़ल तमाम जगहन, इयादन के लोगन के जेहन में फेर से जगावे ला पुर्नदृश्य रूपांतरण प्रस्तुत कइल गइल रहे। ऊ चाहे भोजपुरी लोककला के माध्यम से होखे भा भाषण प्रतियोगिता, गीत संगीत, चित्रकला प्रतियोगिता आदि माध्यमन से। एहि आयोजन में बापू से जुड़ल यारवादा चरखा के विशाल रूप बना गवल गइल। जवना में भोजपुरी लोक चित्रशैली में गाँधी जी आ आजादी से जुड़ल चित्रन के चित्रित कइल गइल रहे। चरखा के लंबाई 24 फीट, चौड़ाई 8 फीट रहे। एह चरखा के कहियो आसानी से खोल के ले जावल जा सकता बा। सर्जना न्यास के टीम आशिष श्रीवास्तव, मदुरई, श्रील, दिपा श्रीवास्तव, रमन श्रीवास्तव, विष्णु शंकर आदि संजीव सिन्हा के नेतृत्व में 15 दिन के कड़ा मेहनत से तैयार कइल, आ 24 मार्च 2022 के हावर्ड वल्ड रेकॉर्ड, लंदन एकरा क विश्व के सबसे बड़ यरवदा चरखा दर्ज कइलस आ चरखा के बनावे के प्रमाण पत्र जारी कइलस।


चित्रकार संजीव सिन्हा भोजपुर जिला के नाव दुनिया के पटल पs लहरवले बाड़े, एह उपलब्धि खातिर जिला के कई संस्थान आ बुद्धिजीवियन से लेके दोस्त आ परिवार के लोग सर्जना न्यास आ संजीव सिन्हा के बधाई आ धन्यवाद दे रहल बा। सर्जना के अध्यक्ष संजीव सिन्हा बतवनी कि ई उपलब्धि समूचा समाज के संगे बिहार आ देस के हs, सर्जना परिवार एह सम्मान के भोजपुरिया माटी के दिवंगत कलाकारन के समर्पित कs रहल बा, एकरा निर्माण में सर्जना के संयोजक मनोज दुबे के खास भूमिका रहल। एह आयोजन में सबसे बड़ सहजोग मनिषा दिवेदी पाठक, ओवरसीज ऑर्गेनाइजेशन फॉर बेटर बिहार (यूएसए) के रहल, निदेशक कुमार द्विजेंद्र आ प्राचार्या अर्चना सिंह सम्भावना अवासीय विद्यालय, जनार्दन सिंह आ रोहित सिंह, होटल पार्क व्यू कलार्क्स इन्न, प्रेम पंकज उर्फ ललन जी, एह आयोजन के सफल बनावे में न्यास से जुड़ल बृजम पाण्डेय आ यशवंत मिश्रा पटना, शशि रंजन मिश्रा आ अमृता दुबे दिल्ली, चंद्रभूषण पाण्डेय, अखौरी राजीव बैगलोर, संजीत सिन्हा रांची, मालती देवी, अखौरी विजय कुमार, संस्कार कृष्णा, दीपेश कुमार, श्याम राजन, विभुती कुमारी, छोटू कुमार आ देश भर में सर्जना न्यास जुडल सब लोगन के अहम भूमिका रहल बा, हम ओह सब कलाकारन आ कला प्रेमियन के आभारी बानी जेकरा वजे से ई आयोजन सफल हो सकल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]