Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जनमदिन के अनघा बधाई हिटमैन रोहित शर्मा

गरीबी में बीतल बचपन, टेस्ट डेब्यू पर जड़ले रहने शतक, 5 IPL जीते वाला इकलौता कप्तान

351

टीम इंडिया के कप्तान अउर स्टार ओपनर रोहित शर्मा आजु आपन 35वां जनमदिन मना रहल बानें। रोहित के जनम 30 अप्रैल 1987 में नागपुर, महाराष्ट्र में भइल रहे। ‘हिटमैन’ रोहित दुनिया के इकलौता अइसन बल्लेबाज बानें जे वनडे में 3 डबल सेंचुरी जड़ले बाने। एकरे सथही वनडे क्रिकेट में सबसे बड़ पारी खेलले के रिकॉर्ड भी रोहित के नामे दर्ज बा। आई जानल जाए कि रोहित से जुड़ल कुछ खास बात अउर रिकॉर्ड्स।

2007 में कइले रहने इंटनरनेशनल डेब्यू

2007 के आयरलैंड दौरे पर रोहित शर्मा के टीम इंडिया खातिर पहिला वनडे मैच खेलले के मौका मिलल रहे। हालांकि, ओह मैच में उनकर बल्लेबाजी नाइ आ पावल। एकरे बाद रोहित 2007 में खेलल गइल पहिला टी-20 वर्ल्ड कप के टीम में चुनल गइलें। साउथ अफ्रीका के खिलाफ मैच में हिटमैन के पहिला बेर टी-20 इंटरनेशनल में बल्लेबाजी करे के मौका मिलल अउर ऊ 40 गेंद पर नाबाद 50 रन बनवनें। भारत मैच 37 रन से जीतल अउर शर्मा जी ‘प्लेयर ऑफ द मैच’ बनलें।

पाकिस्तान के खिलाफ वर्ल्ड कप के फाइनल में भी ऊ शानदार बल्लेबाजी करत 16 गेंद पर 30 रन के नाबाद पारी खेलले रहने।

2013 में कइलें रहने टेस्ट डेब्यू

वनडे अउर टी-20 क्रिकेट में धाक जमवले के पूरा 6 साल बाद हिटमैन के टेस्ट डेब्यू कइले के मौका मिलल रहे। रोहित अपने टेस्ट करियर के आगाज वेस्टइंडीज के खिलाफ 9 नवंबर 2013 में कोलकाता के ईडन गार्डेन्स पs कइले रहने। ओह मैच में रोहित 177 रनों की पारी खेलले रहने। अपने दूसरका टेस्ट मैच में ऊ विंडीज के खिलाफ शतक ठोकले रहने।

रोहित के कुछ स्पेशल रिकॉर्ड्स

  • रोहित शर्मा भारत के ओह चुनिंदा खिलाड़ियन में से एक बानें जे खेल के तीनों फॉर्मेट में शतक जड़ले बानें। भारत खातिर उनके अलावा सुरेश रैना अउर केएल राहुले अइसन कs सकल बानें।
  • 2014 में श्रीलंका के खिलाफ रोहित 264 रन के पारी खेलले रहे, जौन आज ले वनडे क्रिकेट इतिहास में एक पारी में कौनो बल्लेबाज के बनावल सबसे बेसी रन बा। तब रोहित 173 गेंद पs 33 चौके अउर 9 छक्का जड़ले रहने।
  • वनडे इंटरेनशनल में अब ले 8 बेर बल्लेबाज डबल सेंचुरी लगवले बानें। जेमें से 3 बेर त रोहित शर्मा ई कारनामा कइले बानें। रोहित के अलावा सचिन तेंदुलकर, वीरेंद्र सहवाग, क्रिस गेल, मार्टिन गप्टिल अउर फखर जमां 1-1 बेर डबल सेंचुरी जड़ चुकल बानें।
  • वनडे में एक पारी में सबसे ज्यादा 33 चौका लगवले के विश्व रिकॉर्ड रोहित शर्मा के नाम पर दर्ज बा। रोहित कोलकाता में श्रीलंका के खिलाफ 2014 में 264 रन के रिकॉर्ड पारी के दौरान ई रिकॉर्ड बनवले रहने। एह लिस्ट में पूर्व भारतीय बल्लेबाज सचिन तेंदुलकर अउर वीरेंद्र सहवाग संयुक्त रूप से दूसरे नंबर पर बानें। दूनों बल्लेबाज एक वनडे मैच में 25 चौका लगवले बानें।
  • 2017 में रोहित श्रीलंका के खिलाफ 35 गेंद पर टी-20 सेंचुरी जड़ले रहने। जौन टी-20 इंटरनेशनल में डेविड मिलर के साथ संयुक्त रूप से सबसे तेज सेंचुरी बा।
  • रोहित के टी-20 में भी शानदार रिकॉर्ड बा। ऊ टी-20 में 4 शतक लगा चुकल बानें। वेस्टइंडीज के खिलाफ 2018 में रोहित शर्मा अपने करियर के चौथा शतक लगवले रहने। टी-20 में रोहित शर्मा दक्षिण अफ्रीका, श्रीलंका, वेस्टइंडीज अउर इंग्लैंड के खिलाफ शतक लगवले रहने। रोहित शर्मा के अलावा केएल राहुल के नाम भारत खातिर 2 टी-20 शतक बा।
  • पहिला टेस्ट सीरीज में ‘मैन ऑफ द सीरीज’ का खिताब जीतले रहने। भारत के सिर्फ 4 खिलाड़ियन के नाम ई रिकॉर्ड दर्ज बा। सौरव गांगुली, रविचंद्रन अश्विन, पृथ्वी शॉ के नाम ई रिकॉर्ड बा।
  • टी-20 इंटरनेशनल में सबसे ज्यादा रन बनवले के रिकॉर्ड उनके नाम पs दर्ज बा। रोहित 125 मैच में 3313 रन बनवले बानें। दूसरे नंबर पर न्यूजीलैंड के मार्टिन गुप्टिल (3299) अउर तीसरे पर विराट कोहली (3296) के नाम आवs ला।
  • 2019 के वनडे वर्ल्ड कप में रोहित शर्मा 5 शतक लगवले रहने। आजु ले कौनो एक वर्ल्ड कप में कौनो खिलाड़ी एतना शतक नाइ लगवले बानें।

 

साभार – दैनिक भास्कर

247100cookie-checkजनमदिन के अनघा बधाई हिटमैन रोहित शर्मा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.