[the_ad_group id="30365"]

सारण: भाजपा नेता के घर में डकैती ममिला में डीआईजी कइलें थानाध्यक्ष सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण डीआईजी पुलिसिंग में विफलता के चलते कोपा थानाध्यक्ष लालबाबू प्रसाद के निलंबित करत लाइन हाजिर कs देले बाड़ें। एकर जानकारी एसपी आशीष कुमार प्रेस विज्ञप्ति जारी करत देले बाड़ें। कोपा थाना के बसडीला गांव में भाजपा नेता के घर डकैती में पुलिस के विफलता मानत ई  कार्रवाई कइल गइल।

अमनौर के थानाध्यक्ष बनलें कुंदन कुमार

एकरा संगही पिंटू कुमार के नया थानाध्यक्ष नियुक्त कs दिहल गइल बा। कुछ समय से रिक्त अमनौर थानाध्यक्ष पद पs कुंदन कुमार के नया थानाध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। एह कार्रवाई के बारे में प्रेस विज्ञप्ति के माध्यम से जानकारी दिहल गइल बा।

दरअसल कोपा थाना क्षेत्र के बसडिला गांव में हाले में भइल डकैती के घटना आ एकरा अलावे कइयन मवका पs अपराध नियंत्रण, विधि बेवस्था आ आउर क्षेत्र में लापरवाही होखला के कारण डीआईजी के आदेस पs एसपी के ओर से कार्रवाई कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]