[the_ad_group id="30365"]

Prayagraj : अखाड़ा परिषद के बैठक में संतन के बीच मारपीट, अखाड़ा के दुनो गुट आइल आमने-सामने

अखाड़ा परिषद के बैठक मे मवजूद संत। - फोटो : अमर उजाला।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दु धड़न में बंटल अखिल भारतीय अखाड़ा परिषद के संतन के बीच बियफे के मारपीट हो गइल। एकरा चलते बहुत देर ले अफरातफरी मचल रहल। दारागंज में पंचायती अखाड़ा श्री निरंजनी में अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष रविंद्रपुरी के अध्यक्षता में बैठक के आयोजन कइल गइल। एही तरे दारागंज में श्री पंचायती अखाड़ा निर्मोही में महंत राजेंद्र दास के अध्यक्षता में बैठक के आयोजन कइल गइल। बैठक के दौरान दुनो धड़न के संतन में पहिले कहा सुनी भइल। एकरा बाद मारपीट हो गइल। एसे बहुत देर तक अफरातफरी के माहौल रहल।

भूमि आवंटन खातिर पहुंचल रहे लो मेला कार्यालय

अखाड़ा परिषद के दुनो धड़न के संत भूमि आवंटन के मांग के लेके बियफे के प्रयागराज मेला प्राधिकरण कार्यालय पहुंचल रहे लो। बतवल जात बा कि एह दौरान निर्मोही अखाड़ा के महंत राजेंद्र दास से कुछ संतन से कहासुनी हो गइल, जवन देखते देखत मारपीट में बदल गइल। एसे मेला कार्यालय पs अफरातफरी मच गइल। मवका पs जूना अखाड़ा के संरक्षक आ अखाड़ा परिषद के महामंत्री हरि गिरि बीच बचाव कs के ममिला शांत करवलें।

बहुत दिनन से चल रहल बा रस्साकसी

अखाड़ा परिषद अध्यक्ष पद के लेके संतन के दु धड़न में बहुत दिनन से विवाद चल रहल बा। अखाड़न आ साधुअन के अपना पक्ष में करे खातिर रस्साकसी चल रहल बा। दूसरका धड़ा अखाड़ा परिषद के अध्यक्ष रवींद्र गिरि के अध्यक्ष माने खातिर तइयार नइखे। दूसरका धड़ा बुध के शाही स्नान आ पेशवाई आदि मुगलकाल के शब्दन को बदलके कुंभ छावनी प्रवेश आ कुंभ अमृत स्नान नाम करण कs देले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]