[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में बालू लदल ट्रक ओवर ब्रिज से नीचे गिरल: ट्रक के परखच्चा उड़ल, ड्राइवर आ खलासी के तलाश में जुटल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

देवरिया शहर के गोरखपुर-देवरिया मुख्य सड़क पs स्थित ओवर ब्रिज से बालू से भरल बेकाबू ट्रक गिर गइल। ऊंचाई से गिरला के चलते ट्रक उड़ गईल। एकरा संगे ओवर ब्रिज के रेलिंग भी उखड़ गईल। सबेरे ट्रक गिरला के तेज आवाज से आसपास के लोग घबरा गईले अवुरी घर से बहरी निकलले। घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मउका पs पहुंच के जांच शुरू क देलस।

देवरिया शहर से गोरखपुर जाए वाली मेन रोड पs सबेरे-सबेरे बालू से भरल ट्रक बेकाबू होके ओवर ब्रिज से रेलिंग तूड़ के गिर गइल। ऊंचाई से गिरते ही ट्रक के परखच्चा उड़ गइल। सबेरे के समय के चलते कवनो बड़ अनहोनी होखे से बच गईल।

लोग के बड़ संख्या में आवाजाही

ओवर ब्रिज के नीचे सड़क से भारी संख्या में लोग आवेला- जाला। भोर भइला के वजह से उहाँ केहू ना रहे। अगर दिन के समय में इ दुर्घटना भईल रहित त जान-माल के भारी नुकसान हो सकत रहे। ट्रक के गिरला के तेज आवाज सुन के आसपास के लोग अनहोनी के डर से घर से बाहर निकल गईले।

ट्रक चालक आ हेल्पर के तलाशी जारी बा, एही बीच केहु पुलिस के दुर्घटना के जानकारी देलस। पुलिस सूचना मिलला के बाद पहुंचल अवुरी आसपास के लोग से घटना के जानकारी लेलस। पुलिस ट्रक चालक अवुरी हेल्पर के पहचान के पता लगावे में जुटल बिया। आशंका बा कि चालक के झपकी के चलते दुर्घटना भईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]