[the_ad_group id="30365"]

एम्स में आग से हड़कंप, सभ के सु​रक्षित निकालल गइल, बिल्डिंग से उठत दिखल धुआं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एम्स में आग : अखिल भारतीय चिकित्सा विज्ञान संस्थान ‘एम्स’ में सोमवार के सबेरे आग लाग गईल। आग लागे के कारण के बारे में अभी तक पता नईखे चलल। एम्स से जुड़ल सूत्र अभी ले इ बतावे के स्थिति में नईखे कि आग कईसे लागल। एही बीच बतावल जाता कि आग लगला के बाद हड़कंप मच गईल। हालांकि सभके सुरक्षित निकालल गईल बा। एम्स के सूत्र बतावत बाड़े कि एंडोस्कोपी रूम में आग लागल बा। आग लगला के चलते एम्स भवन से धुआं उठत देखाई देलस। भवन के एगो खास कमरा से निकलत धुआं अस्पताल प्रशासन के दुविधा में डाल दिहलस।

एही बीच सूचना मिलते दमकलकर्मी आग बुझावे खातीर मौका पs पहुंचले। दिल्ली फायर ब्रिगेड के अधिकारी बतवले कि 6 से अधिका दमकलकर्मी भेजल गईल।एम्स भवन के दूसरा मंजिल पs आग के लपट अवुरी धुआं देखाई देलस।एह दौरान पूरा इलाका के खाली क दिहल गईल। खबर मिले के समय ले दमकलकर्मी आग बुझावे में लागल रहले।

आग काबू में एम्स के निदेशक मौका पs पहुंचले

एम्स में दमकलकर्मी आग पs काबू पा लेले बाड़े। एही बीच एम्स के निदेशक एम श्रीनिवास भी मउका पs पहुंच गईले। सभे मरीज के सुरक्षित निकालल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]