Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Sanak Song: बादशाह के दिमाग आइल ठिकाने, ‘भोलेनाथ विवाद’ पे मगले माफी

गायक-रैपर बादशाह के गीतन में पाश्चात्य संगीत के भाव बा जवना चलते बादशाह के गीत रिलीज होखते संगीत प्रेमियन के पसंदीदा हो जाला। बादशाह के ‘Sanak Song’ भी रिलीज होते ही हिट हो गइल।

1,462

दरअसल, हाल ही में बादशाह आपन लेटेस्ट ट्रैक ‘Sanak’ रिलीज कइले बाड़न, जवना में भगवान शिव के नाम के प्रयोग भइल बा। एह गीत के सामने अइला के बाद सोशल मीडिया पे एकरा गीतन के खिलाफ लोग आवाज उठवलस। लोग कहेला कि भोलेनाथ के नाम के फूहड़ शब्दन से इस्तेमाल कइल गलत बा। जवना के बाद बादशाह आपन माफी सोशल मीडिया पे शेयर कईले।

बादशाह मंगले माफी

रैपर बादशाह अपना गाना खातिर माफी मँगले आ पोस्ट में लिखले कि, ‘हमरा पता चलल बा कि हाल में रिलीज भईल गीत Sanak से कुछ लोग के भावना के चोट पहुंचल बा। हम कबो जानबूझ के केहू के भावना के चोट ना पहुंचावल चाहत बानी। हम आपन कलात्मक रचना आ संगीत रचना रउरा सभे के सोझा जोश से लेके आवत बानी ।अब हम एह गीत के कुछ हिस्सा बदल देले बानी। सगरी डिजिटल प्लेटफार्मन पे पुरान संस्करण के नया संस्करण से बदल दिहल जाई, जेहसे कि दोसरा के कवनो आहत ना होखे।

Sanak’ फेर रिलीज होखी

रैपर बादशाह अपना पोस्ट में बतवले कि सभ प्लेटफार्म पे ‘Sanak’ गाना के बदले में कुछ समय लागी। ई काम नया गीतन के रिलीज के साथे कइल जाई। बादशाह जनता के अनजाने में दुख पहुंचावे खातिर माफी मंगले आ कुछ धैर्य राखे के निहोरा कईले।

 

528280cookie-checkSanak Song: बादशाह के दिमाग आइल ठिकाने, ‘भोलेनाथ विवाद’ पे मगले माफी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.