[the_ad_group id="30365"]

Sanak Song: बादशाह के दिमाग आइल ठिकाने, ‘भोलेनाथ विवाद’ पे मगले माफी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दरअसल, हाल ही में बादशाह आपन लेटेस्ट ट्रैक ‘Sanak’ रिलीज कइले बाड़न, जवना में भगवान शिव के नाम के प्रयोग भइल बा। एह गीत के सामने अइला के बाद सोशल मीडिया पे एकरा गीतन के खिलाफ लोग आवाज उठवलस। लोग कहेला कि भोलेनाथ के नाम के फूहड़ शब्दन से इस्तेमाल कइल गलत बा। जवना के बाद बादशाह आपन माफी सोशल मीडिया पे शेयर कईले।

बादशाह मंगले माफी

रैपर बादशाह अपना गाना खातिर माफी मँगले आ पोस्ट में लिखले कि, ‘हमरा पता चलल बा कि हाल में रिलीज भईल गीत Sanak से कुछ लोग के भावना के चोट पहुंचल बा। हम कबो जानबूझ के केहू के भावना के चोट ना पहुंचावल चाहत बानी। हम आपन कलात्मक रचना आ संगीत रचना रउरा सभे के सोझा जोश से लेके आवत बानी ।अब हम एह गीत के कुछ हिस्सा बदल देले बानी। सगरी डिजिटल प्लेटफार्मन पे पुरान संस्करण के नया संस्करण से बदल दिहल जाई, जेहसे कि दोसरा के कवनो आहत ना होखे।

Sanak’ फेर रिलीज होखी

रैपर बादशाह अपना पोस्ट में बतवले कि सभ प्लेटफार्म पे ‘Sanak’ गाना के बदले में कुछ समय लागी। ई काम नया गीतन के रिलीज के साथे कइल जाई। बादशाह जनता के अनजाने में दुख पहुंचावे खातिर माफी मंगले आ कुछ धैर्य राखे के निहोरा कईले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]