[the_ad_group id="30365"]

68th Filmfare Awards 2023 Winners List : आलिया भट्ट आ राजकुमार राव के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार, विजेता लोग के पूरा सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

68वां फिल्मफेयर अवार्ड 2023 के एलान हो गइल बा। गुरुवार के सांझ मुंबई में सलमान जहां भव्य शाम के मेजबानी कईले, उहें अवार्ड शो में ‘गंगूबाई काठ‍ियावाड़ी’ के 10 पुरस्कार मिलल। ‘बधाई दो’ के 6 गो पुरस्कार मिलल बा आ ‘ब्रह्मस्त्र: भाग-1 शिव’ के 4 श्रेणी में पुरस्कार मिलल बा।

भारतीय सिनेमा के सबसे प्रतिष्ठित अवार्ड 68वां फिल्मफेयर अवार्ड 2023 के एलान हो गइल बा। 27 अप्रैल गुरुवार के मुंबई के जियो वर्ल्ड कन्वेंशन में आयोजित ए आयोजन में रेड कार्पेट से लेके मंच तक स्टार मंच के शोभा बढ़वले। एह साल 68वां हुंडई फिल्मफेयर अवार्ड 2013 के मेजबानी सुपरस्टार सलमान खान कइले रहले। मंच पे उनुका साथे आयुष्मान खुर्राना-मनीष पॉल भी रहले। एह रंगारंग शाम में राजकुमार राव के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता आ आलिया भट्ट के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरस्कार मिलल। संजय लीला भंसाली के ‘गंगूबाई काठ‍ियावाड़ी’ खातिर सर्वश्रेष्ठ फिल्म अवार्ड आ एह फिलिम खातिर सर्वश्रेष्ठ निर्देशक के पुरस्कार मिलल। मशहूर गायक अरिजीत सिंह के ‘ब्रह्मास्त्र’ के ‘केसरिया’ गाना खातिर सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक के पुरस्कार मिलल। अयान मुखर्जी के फिल्म ‘ब्रह्मास्त्र’ के भी VFX खातिर ई अवार्ड मिलल बा।

अबकी फिल्मफेयर अवार्ड में ‘गंगूबाई काठ‍ियावाड़ी’ आ ‘बधाई दो’ के बोलबाला रहल। संजय लीला भंसाली के फिल्म ‘गंगूबाई काठ‍ियावाड़ी’ जहां 10 श्रेणी में पुरस्कार जीतलस, उहें हर्षवर्धन कुलकर्णी के फिल्म ‘बधाई दो’’ समीक्षक के पुरस्कार श्रेणी में हावी रहल आ 6 गो पुरस्कार जीतलस। अयान मुखर्जी के ‘ब्रह्मास्त्र: भाग-1 शिव’ के भी 4 कैटेगरीज में पुरस्कार मिलल। दिग्गज अभिनेता प्रेम चोपड़ा के लाइफ टाइम अचीवमेंट अवॉर्ड से सम्मानित कइल गइल।विजेता के पूरा सूची खातिर आगे पढ़ीं।

68th Hyundai Filmfare Awards 2023 Winners List-

गंगूबाई काठियावाड़ी

बेस्ट कॉस्ट्यूम डिजाइन – शीतल इकबाल शर्मा

बेस्ट प्रोडक्शन डिजाइन – सुब्रत चक्रवर्ती

बेस्ट कोरियोग्राफर- कृति महेश

बेस्ट सिनेमैटोग्राफी – सुदीप चटर्जी

बेस्ट बैकग्राउंड स्कोर- संचित बलहारा और अंकित बलहारा

अपकमिंग म्यूजिक टैलेंट – जान्हवी श्रीमणकर

 

ब्रह्मास्त्र

बेस्ट साउंड डिजाइन – बिश्वदीप दीपक चटर्जी

बेस्ट वीएफएक्स- डीएनईजी और रीडीफाइन

बेस्ट म्यूजिक एल्बम- प्रीतम चक्रबोर्ती

बेस्ट लिरिक्स – अमिताभ भट्टाचार्य

बेस्ट प्लेबैक सिंगर (मेल) – अरिजीत सिंह

एन एक्शन हीरो

बेस्ट एडिटिंग – निनाद खानोलकर

विक्रम वेधा

बेस्ट एक्शन- परवेज शेख

जुग जुग जीयो

बेस्ट प्लेबैक सिंगर (फीमेल)- कविता सेठ

अनेक

बेस्ट डेब्यू (फीमेल) – एंड्रिया केविचुसा

वध

बेस्ट डेब्यू डायरेक्टर – जसपाल सिंह संधू और राजीव बरनवाल

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]