[the_ad_group id="30365"]

किसी का भाई किसी की जान बॉक्स ऑफिस कलेक्शन Day 1: भाईजान के फिल्म के पहिला दिन कs कलेक्शन आ गईल बा, कमाई एतना करोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

सलमान खान फिल्म किसी का भाई किसी की जान से अपना प्रशंसकन के ईद के तोहफा दे दिहले बाड़न। शुक के दिने रिलीज भइल एह फिलिम के चर्चा बहुते दिन ले चलत रहुवे। सलमान खान के एह फिलिम के दर्शकन के मिश्रित प्रतिक्रिया मिलल बा। फिल्म किसी का भाई किसी की जान में पूजा हेगड़े, भूमिका चावला, राघव जुयाल, जगपति बाबू, शहनाज गिल, पलक तिवारी, विजेंदर सिंह, अभिमन्यु सिंह सिद्धार्थ निगम, जस्सी गिल, और विनाली भटनागर के मुख्य भूमिका सलमान खान कs साथे बा । अब सलमान खान के फिल्म के पहिला दिन बॉक्स ऑफिस कलेक्शन आ गइल बा।

‘किसी का भाई किसी की जान’ पहिला दिन केतना कमईलस?  

सलमान खान के फिलिमन के हमेशा ईद पs इंतजार कइल जाला बाकिर पिछला 2 साल से उनकर फिलिम ईद पs ना आइल आ अबकी बेर धमाका हो गइल ।खबर के मुताबिक, सलमान खान के फिल्म किसी का भाई किसी की जान के पहिला दिन भारतीय बॉक्स ऑफिस पs 14 करोड़ रुपया के कमाई भईल बा। फिल्म भोला से 3 करोड़ आगे बा लेकिन फिल्म पठान से कई करोड़ पीछे बा, जबकि फिल्म तू झुठी मैं मक्कर से एक करोड़ रुपया पीछे बा। अगर एह फिलिम के विश्वव्यापी कलेक्शन के बात कइल जाव त 35 करोड़ से ऊपर के कलेक्शन हो गइल बा। एकरा बावजूद जइसहीं सही रिपोर्ट आई, हमनी के एकरा के इहाँ आपके खातीर अपडेट क देब।

 

कईसन बा फिल्म ? 

फिल्म किसी का भाई किसी की जान के आईएमडीबी पs 10 में से 7.6 रेटिंग मिलल बा। लोग के ई फिलिम पसंद आ रहल बा।फरहाद शमी के निर्देशन में बनल एह फिलिम के निर्माता खुद सलमान खान बाड़े। फिल्म में चार भाई के कहानी बा आ ओह लोग के आपन प्रेम कहानी बा।मुख्य अभिनेत्री पूजा हेगड़े के भाई बहुते सीधा-साधा बाड़े काहे कि ऊ लोग एक समय में गुंडागर्दी कइले बा।बाकिर बाद में ओकर दुश्मन ओकरा से दुश्मनी निकाल लेत बाड़े आ सलमान खान आ ओकर भाई आपन बदला लेत बाड़े।फिल्म पारिवारिक बा जवना में एक्शन आ रोमांस भी देखाई दिही।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]