[the_ad_group id="30365"]

Samsung के नया फीचर, रिपेयरिंग दुकान पर डाटा नाइ होई चोरी, कर दें यह सेटिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपने फोन के रिपेयरिंग, अपडेट या कौनो दूसरे कारण से सर्विस सेंटर पर देहल आम तौर पर बड़िये जोखिम भरल होला। कई बेर न केवल रिपेयरिंग चाहे अपडेट के दौरान आपके फोन रीसेट भी हो जाला, बलुक आप के पर्सनल डाटा भी जोखिम में होला। यानी जेतना समय आपके फोन सर्विस सेंटर होई, आपके चिंता ओतने बढ़त जाई। अगर आप सैमसंग यूजर्स ह, त अब आप के चिंता से मुक्ति मिले वाला बा।

सैमसंग अपने स्मार्टफोन डिवाइस खातिर एगो नया फीचर्स के घोषणा कइले बा, जेमें आप अपने फोन के सर्विस सेंटर पर देत समय भी सुरक्षित क सकतनी। एह फीचर के कंपनी मेंटेनेंस मोड (Maintenance Mode) नाम दिहले बा। एह फीचर के सबसे पहिले One UI 5 बीटा टेस्टिंग खातिर जारी कइल गइल रहल, लेकिन अब एके ग्लोबली पेश कर दिहल गइल बा।

अइसे काम करी मेंटेनेंस मोड

सैमसंग के अनुसार, मेंटेनेंस मोड अनिवार्य रूप से आपके फोन के एक सुरक्षित स्थिति में रखsला। एह फीचर के मदद से यूजर्स के उनकर व्यक्तिगत जानकारी जइसे फोटो, मैसेज अउर कॉन्टैक्ट के सुरक्षित रखले के सुविधा मिलsला। यानी अब यूजर्स बिना कौनो चिंता के अपने फोन के सर्विस सेंटर पर रिपेयरिंग खातिर दे सकsतनी।

अइसे करीं एक्टिवेट

अपने सैमसंग स्मार्टफोन में मेंटेनेंस मोड एक्टिवेट करे खातिर सबसे पहिले आपके सेटिंग में जाए के बा। एकरे बाद Battery and device care वाले ऑप्शन में से Maintenance Mode के ऑन कs देवे के बा। अब आप फोन के Reboot कsके सर्विस सेंटर पर दे सकsतनी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]