[the_ad_group id="30365"]

Samsung Galaxy S22 प बंपर डिस्काउंट, अमेजन दिवाली सेल में कम कीमत में मिली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

साउथ कोरियन टेक कंपनी Samsung के फ्लैगशिप लाइनअप के डिवाइस Galaxy S22 एह साल फरवरी में Galaxy S22+आ  Galaxy S22 Ultra के संगे लॉन्च कइल गइल रहे। बेहतरीन कैमरा, डिस्प्ले आ डिजाइन के संगे आवे वाला एह डिवाइस में हाई-एंड फीचर्स मिलत बा आ अब एकरा के बहुते कम कीमत प किने के मवका ग्राहकन के मिल रहल बा। Amazon प Diwali सेल के दौरान ई डिवाइस 50,000 रुपिया से कम में किनल जा सकेला।

सैमसंग गैलेक्सी S22 के भारत में 72,999 रुपिया के कीमत प लॉन्च कइल गइल रहे, जबकि अब ई डिवाइस अमेजन प 59,999 रुपिया में लिस्टेड बा। एतने ना, शॉपिंग वेबसाइट 10,000 रुपिया के डिस्काउंट कूपन दे रहल बिया, जवना के संगे एह फोन के कीमत 49,999 रुपिया रह जात बा। ओहिजा ग्राहकन के चुनिंदा क्रेडिट कार्ड्स से भुगतान कइला प 1,500 रुपिया के अतिरिक्त छूटो दिहल जाई।

डिवाइस के मिले वाला बा एंड्रॉयड 13 अपडेट

गैलेक्सी S22 डिवाइस एह साल लॉन्च भइल बा, माने कि दमदार हार्डवेयर के अलावे एह में लमहर वक्त तक सॉफ्टवेयर अपडेट्स मिललो तय बा। ई डिवाइस आ डील ओह यूजर्स खातिर काम के बा, जेकरा कॉम्पैक्ट साइज के स्मार्टफोन पसंद बा बाकिर ऊ स्पेसिफिकेशंस से समझौता नइखे कइल चाहत। एह फोन के जल्दिये ढेर नया फीचर्स वाला एंड्रॉयड 13 अपडेट मिले वाला बा, जवना के पुष्टि खुद कंपनी कइले बा।

अइसन बा सैमसंग गैलेक्सी S22 के स्पेसिफिकेशंस

स्टैंडर्ड सैमसंग गैलेक्सी S22 में 6.1 इंच के फुल HD+ AMOLED डिस्प्ले मिलत बा, जवन 120Hz रिफ्रेश रेट आ 1300nits पीक ब्राइटनेस के संगे आवत बा। फोन में स्नैपड्रैगन 8 जेन 1 प्रोसेसर दिहल गइल बा। एह फोन के 3,700mAh बैटरी के 25W वायर्ड आ 15W वायरलेस फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट दिहल गइल बा।

मिली 50MP ट्रिपल कैमरा सेटअप

सैमसंग डिवाइस में रियर पैनल प 50MP के प्राइमरी कैमरा सेंसर दिहल गइल बा। एकरा अलावे कैमरा मॉड्यूल में 12MP अल्ट्रावाइड कैमरा सेंसर आ 10MP टेलीफोटो कैमरा 3x ऑप्टिकल जूम के संगे मिलत बा। सेल्फी आ वीडियो कॉल्स खातिर एह फोन में 10MP फ्रंट कैमरा दिहल गइल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]