[the_ad_group id="30365"]

होखे वाला बा साल के सबसे बड़ टक्कर, भारत-पाकिस्तान मैच के दिन भिडिहें सलमान-शाहरुख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के बादशाह शाहरुख खान अउर भाईजान सलमान खान के बीच क्लैश होखे वाला बा। दूनों जनी के फिल्म- ‘पठान’ अउर ‘किसी का भाई किसी की जान’ एक दूसरा से टकरावे वाली बा। ओइसे ई भिड़ंत बॉक्स ऑफिस पर नाइ बलुक आईसीसी टी-20 वर्ल्डकप के दौरान होखे वाला बा। दरअसल, जौने दिन क्रिकेट के मैदान पर भारत बनाम पाकिस्तान के युद्ध होई, ओही दिन बॉलीवुड के दूनों खान के बीच टक्कर होई। मसलन, भारत-पाकिस्तान के मैच वाले दिनवे दूनों लोग के आगामी फिल्म के टीजर जारी होई। बता देईं कि शाहरुख खान के फिल्म ‘पठान’ में सलमान खान अउर सलमान के फिल्म ‘किसी का भाई किसी की जान’ में शाहरुख कैमियो करे वाला बानें।
पठान, तेहरान

 

फिर संगे नजर अइहें शाहरुख-दीपिका

यशराज फिल्म्स के बैनर तले बन रहल इस फिल्म में शाहरुख खान के संगे दीपिका पादुकोण अउर जॉन अब्राहम मुख्य भूमिका में नजर आवे वाला बानें। सिद्धार्थ आनंद के निर्देशन में बनल रहल ई फिल्म 25 जनवरी, 2023 के हिंदी, तमिल अउर तेलुगू भाषा में रिलीज होई।

सलमान खान

एक महीना बाद बॉक्स ऑफिस पर धमाल मचइहें सलमान खान

उहवें सलमान खान साल 2022 के अंत में धमाल मचावत नजर अइहें। उनकर फिल्म ‘किसी का भाई किसी की जान’ 30 दिसंबर, 2022 के सिनेमाघर में दस्तक देवे वाला बा। फिल्म में पहिला बेर उनके संगे पूजा हेगड़े दिखाई दीहें। फरहाद सामजी द्वारा निर्देशित एह फिल्म में वेंकटेश दग्गुबाती, राम चरण, जस्सी गिल, शहनाज गिल, सिद्धार्थ निगम, पलक तिवारी, राघव जुयाल नजर अइहें।
सलमान खान, शाहरुख खान

दूनों खान के अपकमिंग फिल्म

वर्कफ्रंट के बात कइल जाव त सलमान खान, कटरीना कैफ के साथ ‘टाइगर 3’ में दिखाई देवे वाला बानें। उहवें, शाहरुख खान, नयनतारा के साथ एटली के ‘जवान’ अउर तापसी पन्नू के साथ राजकुमार हिरानी के ‘डंकी’ में नजर अइहें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]