[the_ad_group id="30365"]

खिस्सा बॉलीवुड के: बड़ भाई के जन्मदिन प छोट भाई छोड़ले रहस साथ, दूनो मिलके देले रहे लो 5 हिट फिलिम 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

13 अक्टूबर 1987 के हिंदी फिलिम इंडस्ट्री में कुछ अइसन भइल रहे जे केहू कबो सोचले तक ना रहे। एह दिन बॉलीवुड के लीजेंड्री एक्टर अशोक कुमार के 76वां जन्मदिन रहे। एकरा खातिर उनकर छोट भाई सुपरस्टार किशोर कुमार एगो ग्रैंड पार्टी प्लान कइले रहस बाकिर के जानता रहे कि किस्मत के कुछ अउरिये मंजूर रहे आ ई यह जश्न मातम में बदल जाई। 13 अक्टूबर 1987 के सांझ 4:45 बजे 57 साल के उमिर में किशोर कुमार के हार्ट अटैक से निधन हो गइल। अपना से 18 साल छोट भाई के अचानक भइल मौत के बाद अशोक कुमार बुरा तरे टूट गइले आ ऊ फेर कबो आपन जन्मदिन ना मनवले। बियफे के जहां अशोक कुमार के 111वीं जन्मतिथि ह त ओहिजा किशोर कुमार के 35वीं पुण्यतिथियो ह। एह मवका प हमनी के बात कइल जाई ओह पांच फिल्मन के बारे में जेमे दुनो भाई साथे नजर आइल लो आ जादू बिखेरल…

भाई- भाई (1956)

एमवी रमन निर्देशित एह फैमिली ड्रामा फिलिम में दुनो भाई संगे नजर आइल। एकर कहानी दु गो अइसन भाइयन के साथ के कहानी ह जेमे से एगो युवा अवस्था में घर छोड़के भाग जाला आ बड़ भाई अपना पत्नी आ लईकन के छोड़के कवनो दोसर औरत से रिश्ता बना लेला।

बंदी (1957)

एकरा अगिलके साल दुनो भाई सत्येन बोस निर्देशित सोशल ड्रामा फिल्म में साथे लउकल लो। ई पहिला फिलिम रहे जवना में तीनों भाई अशोक कुमार, किशोर कुमार आ अनूप कुमार साथ नजर आइल लो।

रागिनी (1958)

ई एगो फैमिली ड्रामा फिलिम रहे जेमे अशोक कुमार लीड रोल में रहले। ऊ पद्मिनी आ किशोर कुमार उनका सहायक कलाकारन के रूप में नजर अइले।

चलती का नाम गाड़ी (1958)

ई दूसरका फिलिम रहे जेमे तीनों भाई एक बार फेर से साथे नजर आइल लो। मधुबाला अभिनीत ई कॉमेडी फिल्म बहुते सफल रहल। एकर म्यूजिक एस डी बर्मन देले रहस था आ ज्यादातर गीतन के किशोर कुमार आशा भोसले के साथे आपन आवाज देले रहस।

दूर का राही (1971)

एह फिलिम के खुद किशोर कुमार लिखले आ डायरेक्ट कइले रहस। एमे उनका अलावे अशोक कुमार आ तनुजा अहम रोल में नजर आइल रहे लो।

एहु फिलमन में लउकल लो साथे

सभे जानत बा कि किशोर कुमार अपना बड़ भाई अशोक कुमार के देखते देखत बॉलीवुड इंडस्ट्री में डेग रखले रहस। 1946 में रिलीज भइल फिलिम ‘शिकारी’ किशोर कुमार के पहिला बॉलीवुड फिलिम रहे। इहे उ पहिला फिलिम रहे जेमे दुनो भाई पहिला बेर साथ नजर आइल रहे लो। एह फिल्मन के अलावहू दुनो भाई ‘साधु और शैतान’, ‘बढ़ती का नाम दाढ़ी’, ‘लव इन मुंबई’ आ ‘तमाशा’ जइसन फिल्मन में साथे नजर आइल लो।

साभार: एशियानेट न्यूज

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]