Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बुरा फंसले खेसारी..! खेसारी लाल यादव शिव मंदिर के गेट प मरले लात, वीडियो वायरल

4,166

गोरखपुर: भोजपुरी फिल्म स्टार खेसारी लाल यादव (Bhojpuri film star Khesari Lal Yadav video) विवादन में फंस गइल बाड़े। सोशल मीडिया प उनकर एगो वीडियो बियफे के वायरल हो रहल बा। एमे ऊ फिलिम के शूटिंग के दौरान पिपराईच स्थित भगवान मोटेश्वरनाथ मंदिर के गेट प जूता पहिनके लात मारत लउक रहल बाड़े।

सीएम के जनसुनवाई पोर्टल प शिकायत दर्ज करवले :

ई वायरल वीडियो (Khesari Lal Yadav video viral) कब, कहां आ कवना फिल्म के शूटिंग के ह। ई अभी स्पष्ट नइखे भइल। एह वीडियो के सामने अइला के बाद एह क्षेत्र के लोगन में बहूते आक्रोश बा। क्षेत्र के मूल निवासी वेद प्रकाश पाठक सीएम के जनसुनवाई पोर्टल प शिकायत दर्ज करवले बाड़े। ऊ शिकायत कके एक्टर खेसारी के खिलाफ मुकदमा दर्ज करे के मांग कइले बाड़े।

हिंदुअन के आस्था के संगे खिलवाड़:

वेद प्रकाश पाठक तहरीर में लिखले बाड़े कि फेसबुक प ऊ भोजपुरी सुपरस्टार खेसारी लाल यादव के एगो वीडियो देखले बााड़े। जेमे ऊ हिंदुअन के आस्था के केंद्र भगवान मोटेश्वरनाथ मंदिर (Moteshwarnath Temple of Pipraich) के गेट के जूता पहिनले लात से धक्का मारके खोल रहल बाड़े। उनकर कहनाम बा कि एह सीन के शूटिंग कवनो आउर गेट प कइल जा सकत रहे। बाकिर, एकरा खातिर उनका आराध्य के अपमान कइल गइल। जवन उनकर आ हिंदुअन के धार्मिक भावना के आहत करे वाला बा।

वेद प्रकाश पाठक खेसारी सहित शूटिंग के (Actor Khesari Yadav kicked at gate of Shiv temple) दौरान उहां मवजूद जिम्मेदारन के खिलाफ कार्रवाई के मांग कइले बाड़े। एह  वीडियो के सामने अइला के बाद स्थानीय लोगन में आक्रोश बा। ओने, सीएम पोर्टल प शिकायत के बाद ममिला के पिपराइच थानेदार सूरज सिंह के जांच खातिर भेजल गइल बा।

साभार: ईटीवी भारत हिंदी

358960cookie-checkबुरा फंसले खेसारी..! खेसारी लाल यादव शिव मंदिर के गेट प मरले लात, वीडियो वायरल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.