[the_ad_group id="30365"]

संतन के पदयात्रा पर रोक: यति नरसिंहानंद गिरी कइल गइलें तीन दिन खातिर नजरबंद, अधिकारी बोललें-धारा 144 लागू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हिन्दू समाज ले जागरूक करे खातिर गाजियाबाद से मेरठ ले होखे वाली पदयात्रा के रोक दिहल गइल बा। गाजियाबाद के पुलिस अधीक्षक देहात ईरज राजा अउरी एसडीएम विनय कुमार सिंह यात्रा शुरू होखले से पहिलही डासना स्थित शिव शक्ति धाम पर पहुंच गइलें। अधिकारी लोग धारा–144 लागू होखले के बात कहलें।
फिलहाल अखाड़ा के महामंडलेश्वर यति नरसिंहानंद गिरी महाराज के तीन दिन खातिर नजरबंद कर दिहल गइल बा। महंत यति के आरोप बा कि उन के जेल में सड़ावे के धमकी दिहल गइल बा।

दरअसल, शिवशक्ति धाम डासना के पीठाधीश्वर अउर श्रीपंचदशनाम जूना अखाड़ा के महामंडलेश्वर यति नरसिंहानंद गिरी महाराज अपने 20 शिष्यन के संगे शिवशक्ति धाम डासना से मेरठ के गांव खजूरी ले पदयात्रा करे वाला रहलें। पदयात्रा में महामंडलेश्वर यति नरसिंहानंद गिरी सम्पूर्ण हिन्दू समाज के आपन रक्षा स्वयं करे खातिर जागरूक करे वाला रहलें।

उ कहलें कि आज भारत के हर हिंदू के परिवार अउर अस्तित्व खतरा में पड़ चुकल बा। उ इहो कहलें कि संतन के पदयात्रा एगो इतिहास रची अउरी हिन्दू के आत्मविश्वास के जागृत करी। उ सभे हिंदूअन से उनकर साथ देहले के आह्वान कइलें। हालांकि प्रशासन पदयात्रा पर रोक लगा देहले बा। सथही तीन दिन खातिर महंत यति के नजरबंद कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]