Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छठ आ दीपावली में पटना-अहमदाबाद सहित छव जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन चली, जल्दी करा लीं टिकट कंफर्म

204

पटना: त्योहार के लेके पटना- वाराणसी मेमू पैसेंजर स्पेशल मंगर से बक्सर तक चली। पूमरे के सीपीआरओ वीरेंद्र कुमार बतवले कि वाराणसी स्टेशन प ट्रैफिक/पावर ब्लॉक लिहल जाये के कारण पटना-वाराणसी मेमू पैसेंजर स्पेशल के परिचालन रद्द कइल गइल रहे। त्योहार के लेके मंगर से एकरा के आंशिक रूप से पटना आ बक्सर के बीच चलावे के निर्णय लिहल गइल।

पटना-अहमदाबाद सहित छव जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन चली 

दीपावली आ छठ पूजा प रेलवे पटना-सिकदरांबाद, पटना- अहमदाबाद सहित छव जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन चलावे के निर्णय लिहल गइल बा। पूमरे के सीपीआरओ वीरेंद्र कुमार बतवले कि ई पूजा स्पेशल ट्रेन पहिले से सूचित 24 जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन के अतिरिक्त बा।

पूजा स्पेशल ट्रेन

  • 03281 पटना-सिकंदराबाद पूजा स्पेशल 27 अक्तूबर से 10 नवंबर तक हर बियफे के सांझ 4:00 बजे।
  • 03282 सिकंदराबाद-पटना 29 अक्तूबर से 12 नवंबर तक हर सनीचर के दुपहरिया 3:25 बजे।
  • 09417 अहमदाबाद-पटना 17 अक्तूबर से 28 नवंबर तक हर सोमार के अहमदाबाद से सबेरे 09:10 बजे।
  • 09418 पटना-अहमदाबाद 18 अक्तूबर से 29 नवंबर तक हर मंगर के रात 11:45 बजे।
  • 01031 छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस-मालदा टाउन 17 आ 24 अक्तूबर के सबेर 11:05 बजे।
  • 01032 मालदा टाउन-छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस 19 आ 26 अक्तूबर के 12:20 बजे।
  • 01043 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-समस्तीपुर 20 से 30 अक्तूबर तक हर अतवार आ बियफे के दुपहरिया 12:15 बजे।
348750cookie-checkछठ आ दीपावली में पटना-अहमदाबाद सहित छव जोड़ी पूजा स्पेशल ट्रेन चली, जल्दी करा लीं टिकट कंफर्म

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.