[the_ad_group id="30365"]

शराब घोटाला में दिल्ली समेत तीन राज्य में छापेमारी, ED कसलस शिकंजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के कथित शराब घोटाला में प्रवर्तन निदेशालय के शिकंजा कसते  जा रहल बा। खबर बा कि ईडी अधिकारी आज सुबह-सुबह दिल्ली समेत तीन राज्य में बड़ छापेमारी कइले बानें। दिल्ली के अलावा पंजाब अउरी हैदराबाद के 35 ठिकाना पर ईडी छापेमारी चल रहल बा।
सूत्र के अनुसार ईडी के अधिकारी दिल्ली, पंजाब अउर हैदराबाद में 35 स्थान पर छापेमारी कर रहल बानें। समाचार एजेंसी पीटीआई के कहनाम बा कि कुछ शराब वितरक, कंपनियन अउरी उनसे जुड़ल संस्था के तलाशी लीहल जा रहल बा। ईडी इस मामिला में अब ले 103 से अधिक ठिकानन पर छापेमारी कर चुकल बा।

पिछले महीने प्रवर्तन निदेशालय दिल्ली आबकारी नीति मामले में बड़ कार्रवाई कइले रहल। ईडी के टीम एह चर्चित मामला में शराब कारोबारी समीर महेंद्रु के गिरफ्तार कइले रहे। एहसे पहिले सीबीआई एही मामले में इवेंट मैनेजमेंट कंपनी ऑनली मच लाउडर के पूर्व सीईओ विजय नायर के गिरफ्तार कइले रहे।

उहवें एह मामले में सीबीआई मनीष सिसोदिया समेत आठ आरोपियन के खिलाफ लुक आउट सर्कुलर नोटिस जारी कइले बा। एफआईआर में कुल नौ लोग नामजद बानें, जेमें खाली पेरनोड रिकार्ड के पूर्व उपाध्यक्ष मनोज राय के खिलाफ लुक आउट सर्कुलर जारी नइखे कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]