[the_ad_group id="30365"]

सरकारी नौकरी लगतही पत्नी कइली पति के पहिचनले से इनकार, इंसाफ खातिर दर-दर भटक रहल बा युवक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के सहरसा के एगो युवक अपनी पत्नी पर धोखा देहलें के आरोप लगवले बा। युवक के कहनाम बा कि पत्नी के जइसही सरकारी नौकरी लागल, ऊ पहचनले से इंकार कs देहली। युवक बतवलस कि नौकरी के नाम पर जौने लड़की पर उ 15 लाख रुपए खर्च कs देहलस उहे साथ छोड़ देहली।

दूनों के तैयारी के दौरान भइल रहे प्यार

शख्स बतवलस कि युवती से उनकर मुलाकात हवाई अड्डा मैदान में भइल रहे, जहां दूनों दउड़े जात रहने सब। शख्स बतवने कि युवती बिहार पुलिस के तैयारी करत रहली अउरी ऊ आर्मी की तैयारी करत रहने। एही दौरान दूनों के बीच बात बढ़ल अउरी प्रेम हो गइल अउर फिर दूनों शादी क लेहले सब।

सरकारी नौकरी लागल त हमके चिन्हले से इनकार कs देहली: पीड़ित युवक

युवक के कहनाम बा कि शादी के कुछ दिन बादे पत्नी के बिहार पुलिस में नौकरी लग गईल।  नौकरी लगतही उ हमके पति मनले से ही इनकार कs देहली। हम आनन-फानन में पत्नी से मिले समस्तीपुर पहुंच गइनी लेकिन जब हम पत्नी के बदलल रूप देखली त हैरान रह गइलीं। अइसन लागल कि हमरे पैर तले जमीने खिसक गईल होखे। पत्नी दुत्कारत हमके आपन पति मनले से इंकार क देहली अउरी हमार नंबर तक ब्लॉक कs देहली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]