[the_ad_group id="30365"]

रांची में आधुनिक रंगमंच के शुरुआत करे वाला प्रख्यात नाटककार अशोक पागल के भइल निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रख्यात नाटककार, अभिनेता अउरी निर्देशक अशोक पागल के निधन हो गइल। ऊ ढ़ेर समय से बीमारी से जूझत रहले। रांची के रामप्यारी अस्पताल में उनकर इलाज चलत रहल ह। आज शुक्रवार के ऊ आखिरी सांस लेहने। रउआ के बता देईं कि अशोक पागल 1971 में ‘हस्ताक्षर’ नाट्य संस्था के शुरुआत कइलें रहने। एके रांची में आधुनिक रंगमंच के शुरुआत मानल जाला।

70 के दशक में कइलें रहने रंगमंचीय करियर के शुरुआत

नामचीन रंगकर्मी अशोक पागल के जन्म 5 मई 1948 में भइल रहे. ई जानल-मानल नाट्यकर्मी रहने। नाटककार, अभिनेता अउरी निर्देशक रहने। ई सत्तर के दशक में रंगमंचीय करियर के शुरुआत कइले रहने. कला के क्षेत्र में कई उपलब्धि इनके नाम बा।

रांची में आधुनिक रंगमंच के शुरुआत कइलें रहने

अशोक पागल के वास्तविक नाम अशोक कुमार साहु रहल। अशोक पागल 1971 में ‘हस्ताक्षर’ नाट्य संस्था के शुरुआत कइले रहने. एसे रांची में आधुनिक रंगमंच के शुरुआत मानल जाला। आकाशवाणी, दूरदर्शन अउरी फिल्मन में भी ई सक्रिय रहने। एनके कई पुरस्कार अउरी सम्मान से नवाजल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]