[the_ad_group id="30365"]

Bihar Weather Update: पटना समेत कइयन गो जिला में आज होई बरखा, वज्रपात के चेतावनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में पटना समेत उत्तर आ दक्षिण बिहार के कइयन गो जिला में आजुओ बरखा होखे के संभावना बा। मौसम विभाग के ताजा रिपोर्ट के मोताबिक राज्य के पश्चिमी भाग में आकाशीय बिजली के संगे वज्रपात के चेतावनी जारी कइल गइल बा। लोगन के सावधान रहे के कहल गइल बा। सनिचर के पटना समेत कइयन जिलन में हलुक से मध्यम स्तर के बरखा दर्ज कइल गइल।

पटना में सनिचर के लमसम 20 मिलीमीटर बारिश रिकॉर्ड कइल गइल। ओहिजा, सुपौल, शेखपुरा, दाउदनगर, वीरपुर, बेनीबाग, गंगलिया, पूर्वी चंपारण, मुजफ्फरपुर, सीतामढ़ी, मधुबनी, समस्तीपुर, बेगूसराय, खगड़िया, सहरसा, मधेपुरा, दरभंगो में बरखा भइल। सनिचर के भइल बरखा से किसानन समेत आम लोगन के राहत मिलल बा। एसे तापमान में गिरावट आइल बा आ जलन वाला चिलचिलात गरमी से तनिका राहत मिलल बा

मौसम विभाग के अनुसार राजधानी समेत राज्य भर में पूर्वी हवा के बहे के गति जादे बा। एह वजह से बादल ज्यादा देर तक नइखे ठहर पावत। एकरा वजह से कम बरखा हो रहल बा। संगही बरखा कम होखे के वजह बादलन के कम गाढ़ (संघटित) होखल आ मानसून के पूरा तरे सक्रिय ना हो होखल बा। सनिचर के सूबे के सबसे बेसी तापमान रोहतास जिला के डेहरी ऑन सोन में दर्ज कइल गइल। इहां के अधिकतम तापमान 36.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। जबकि पटना के अधिकतम तापमान 34.0 डिग्री रहल। गया में 32.8 डिग्री सेल्सियस तापमान दर्ज कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]