Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दुखद: हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता रियो कपाड़िया के निधन, एह फिल्मन में कइले रहले दमदार अभिनय

रियो कपाडिया के दोस्त फैसल मलिक उनुका मौत के खबर के बतइले। उनुकर अंतिम संस्कार 15 सितंबर के गोरेगांव के शिवधाम दाह संस्कार स्थल में होई।

403

 

हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता रियो कपडिया के निधन हो गइल बा। हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता रियो कपाड़िया के आजु 14 सितंबर 2023 के निधन हो गइल। रियो कपाडिया के 66 साल के उमिर में निधन हो गइल बा. उनुका मौत के पुष्टि रियो कपाडिया के परिवार कईले बा। रियो कई गो हिट बॉलीवुड फिलिमन में आपन अभिनय कौशल देखवले रहले।

रियो कपाडिया के दोस्त फैसल मलिक उनुका मौत के खबर के बतइले। उनुकर अंतिम संस्कार 15 सितंबर के गोरेगांव के शिवधाम दाह संस्कार स्थल में होई। अभिनेता अपना पीछे पत्नी मारिया फराह, बच्चा अमन अवुरी वीर छोड़ गईल बाड़े।

हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता रियो कपडिया के निधन हो गइल बा। रियो बॉलीवुड के कई गो हिट फिलिमन में आपन अभिनय कौशल देखवले रहले। रियो ‘दिल चहता है’, ‘चक दे ​​इंडिया’ आ ‘हैप्पी न्यू ईयर’ जइसन कई गो फिलिमन में दमदार भूमिका निभवले बाड़न।

 

640610cookie-checkदुखद: हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेता रियो कपाड़िया के निधन, एह फिल्मन में कइले रहले दमदार अभिनय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.