[the_ad_group id="30365"]

अनंतनाग एनकाउंटर: आतंकियन से मुठभेड़ में एगो अउर जख्मी जवान के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दक्षिण कश्मीर के अनंतनाग जिला के कोकरनाग के गडूल जंगल में लगातार तिसरका दिन आतंकियन के हत्या के अभियान जारी बा। एही बीच मुठभेड़ में घाही एगो अवुरी जवान के मउत हो गईल बा। जबकि दु जवान घायल हो चुकल बाड़े। जेकरा के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

अनंतनाग में आतंकवादियन के खिलाफ अभियान जारी बा। लश्कर के दू गो आतंकवादी घेरले बाड़े। क्वाडकॉप्टर आ ड्रोन से आतंकियन पs नजर राखल जा रहल बा। एह अभियान के जिम्मा पैरा कमांडो भी सम्हार लेले बाड़े। घना जंगल अवुरी पहाड़ी इलाका के चलते ए विशेष दस्ता के तैनात कईल गईल बा।

एकरा अलावे ओ पहाड़ी पs रॉकेट दागल गईल, जहां आतंकी के लुकाईल होखे के आशंका रहे। बतावल जात बा कि सुरक्षा बल उजैर खान समेत दू गो लश्कर आतंकियन के घेर लिहले बा।

एकरा से पहिले सुरक्षा बल बुधवार के रात के बाद गुरुवार के सबेरे करीब 6 बजे फेर से आतंकी के खिलाफ अभियान शुरू क देले रहे। एह दौरान सबेरे से देर साँझ ले रुक-रुक के फायरिंग होखत रहे। आतंकियन से संपर्क बनावे खातिर सुरक्षा बल स्पेक्युलेटिव के सहारा लिहलस बाकिर दोसरा तरफ से कवनो जवाबी कार्रवाई ना भइल।

कर्नल, मेजर आ डीएसपी मुठभेड़ में बलिदान

पुलिस एक्स पs पोस्ट में लिखले बिया कि, ए अभियान के दौरान मोर्चा से अगुवाई करत आपन जान के बलिदान देवे वाला कर्नल मनप्रीत सिंह, मेजर आशीष धोनक अवुरी डीएसपी हुमायूं भाट के अटूट बहादुरी के सच्चा श्रद्धांजलि। हमनी के सेना उजैर खान समेत 2 लश्कर आतंकी के घेराबंदी करे के ठान लेले बिया।

ध्यान देवे वाला बात बा कि कोकरनाग के गडूल जंगल में आतंकी के आवाजाही के बारे में इनपुट के बाद सेना, जम्मू-कश्मीर पुलिस अवुरी सीआरपीएफ के 19 राष्ट्रीय राइफल (आरआर) के संयुक्त दल बुधवार के सबेरे तलाशी अभियान शुरू क देले रहे। घेराबंदी के दौरान जंगल क्षेत्र में लुकाईल आतंकी संयुक्त टीम पs भारी गोलीबारी कईले। मुठभेड़ के दौरान सेना के 19 आरआर कमांडिंग ऑफिसर कर्नल मनप्रीत, मेजर आशीष धोनक अवुरी जम्मू कश्मीर पुलिस के डीएसपी ऑपरेशन हुमायूं भट शहीद हो गईले।

उजैर पs 10 लाख रुपिया के इनाम बा

हमला में शामिल उजैर खान (28 साल) कोकरनाग के नागम गांव के रहेवाला हवे। उ 26 जुलाई 2022 से लापता रहले। कहल जाला कि ओह घरी ऊ लश्कर-ए-ताइबा के आतंकवादी बन गइल रहले। उजैर कई गो आतंकी हमला में शामिल रहल बाड़े। एह से एकरा के ए+ श्रेणी में राखल गइल बा। उनुका पs 10 लाख के इनाम भी घोषित बा। मौका पs उनुका संगे एगो विदेशी आतंकी भी बाड़े, जेकर पहचान अभी तक नईखे भईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]