[the_ad_group id="30365"]

Online EOW Scam: 1000 करोड़ के क्रिप्टो-पोंजी घोटाला में फंसले गोविंदा, EOW जल्दीए करीं पूछताछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

जानकारी के मुताबिक गोविंदा कुछ प्रमोशनल वीडियो में पोंजी स्कैम कंपनी के प्रचार कईले रहले। एह घोटाला के मुख्य आरोपी फिलहाल ईओडब्ल्यू के हिरासत में बा। बातचीत में अधिकारी बतवले कि सोलर टेक्नो एलायंस अब तक बहुत देश में क्रिप्टो निवेश के बहाने ऑनलाइन पोन्जी योजना चलावत रहे। अभी तक दु लाख से जादा लोग ए घोटाला के शिकार हो गईल रहले। 2 लाख से अधिका लोग से 1000 करोड़ रुपिया के धोखाधड़ी भइल बा।एह सिलसिला में बॉलीवुड अभिनेता गोविंदा से पूछताछ कइल जाई।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक ईओडब्ल्यू के महानिरीक्षक जेएन पंकज कहले बाड़े कि उ जल्दिए एगो टीम मुंबई भेज दिहे जवन कि ए मामला में गोविंदा से पूछताछ करी। उ बतवले कि गोविंदा जुलाई में गोवा में आयोजित एसटीए के भव्य समारोह में भाग लेले रहले अवुरी कुछ वीडियो में कंपनी के प्रचार कईले रहले।

महानिरीक्षक के मुताबिक फिलहाल गोविंदा ए मामला में ना त आरोपी बाड़े अवुरी ना संदिग्ध बाड़े। हालांकि उ निश्चित रूप से कहले बाड़े कि ए मामिला में उनुकर भूमिका तबे साफ होई जब उनुका से पूछताछ होई। अगर गोविंदा के प्रचार तक सिर्फ ए मामिला में सीमित बा त उनुका के गवाह बनावल जा सकता।

ई धोखाधड़ी कंपनी भद्रक, क्योंझर, बालासोर, मयुरभंज आ भुवनेश्वर के करीब दस हजार लोग से 30 करोड़ रुपिया वसूली कइलस।एकरा अलावे बिहार, उत्तर प्रदेश, पंजाब, दिल्ली, हरियाणा, राजस्थान, असम, मध्य प्रदेश अवुरी झारखंड जईसन राज्य में भी लोग के निशाना बनावल गईल। कंपनी लोग से निवेश करे के कहत रहे अवुरी निवेशक से भी कहलस कि उ लोग के संगे अवुरी लोग के भी जोड़ल जाए। संगही, जदी लोग ज्वाइन करीहे त प्रोत्साहन देवे के वादा कईलस।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]