[the_ad_group id="30365"]

धूमधाम से मनावल गइल गोंड वीरांगना महारानी दुर्गावती के बलिदान दिवस समारोह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। सिंचाई डाक बंगला, देवरिया के प्रांगण में सोमार के भारतवर्षीय गोंड आदिवासी महासभा, देवरिया के तत्वावधान में गोंडवाना साम्राज्य के गौरव गोंड “वीरांगना” महारानी दुर्गावती के बलिदान दिवस समारोह “शौर्य दिवस” के रूप में बहुते धूमधाम आ उल्लास के संगे मनावल गइल।

जिलाध्यक्ष मुंशी प्रसाद गोंड अपना संबोधन में बतवलें कि गोंड वीरांगना महारानी दुर्गावती मुगल सेना के सामना बहुते वीरता से कइली। युद्ध में लड़त-लड़त “वीरांगना” महारानी दुर्गावती वीरगति के प्राप्त हो गइली, बाकिर अकबर के अधीनता ना सकरली। भारतीय इतिहास में गोंड वीरांगना महारानी दुर्गावती आजूओ अमर बाड़ी। इनकर गौरवशाली इतिहास हमेशा स्वर्णाक्षरन में अंकित रही।

कार्यक्रम के दौरान संत विनोबा पीजी कॉलेज, देवरिया में गोंड समाज के नवनियुक्त असिस्टेंट प्रो. सुजीत कुमार गोंड के भारतवर्षीय गोंड आदिवासी महासभा, देवरिया के ओर से फूल माला से भव्य स्वागत आ सम्मान कइल गइल।
एह अवसर पर जिला उपाध्यक्ष बैजनाथ गोंड, ओमप्रकाश गोंड, महिला प्रकोष्ठ के जिलाध्यक्ष डॉ. कलावती गोंड, जिला मीडिया प्रभारी जयनन्द प्रसाद गोंड, आशुतोष शाह, मदन गोंड, जयप्रकाश गोंड, सुजीत कुमार गोंड, ध्रुपदेव शाह विशाल गोंड, रामाश्रय गोंड, रामश्रृंगार गोंड, प्रेम कुमार गोंड, नंदलाल गोंड सहित सइयन के संख्या में गोंड आदिवासी समाज के लोग उपस्थित रहे। कार्यक्रम के संचालन जिला सचिव नंदलाल गोंड कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]