[the_ad_group id="30365"]

Platform Ticket आ स्टेशन से जारी होखे वाला स्लीपर टिकट पऽ नइखे GST, काउंसिल के बइठक में हटावे के निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जीएसटी काउंसिल के बइठक (GST Council Meeting) में प्लेटफार्म टिकट पs से जीएसटी हटावे के निर्णय लिहल गइल बा। एकरा साथही रेलवे स्टेशन से जारी होखे वाला स्लीपर टिकट पs जीएसटी ना देवे के होई।

गुड्स आउर सर्विस टैक्स (जीएसटी) काउंसिल के 53वां बइठक में शनिचर के नई दिल्ली भइल। एमें रेलवे प्लेटफार्म टिकट से जीएसटी समाप्त करे के निर्णय लिहल गइल, जबकि एपर पहिलहीं से जीएसटी नइखे।

ट्रेन में AC क्लास टिकट पs जीएसटी लागेला। बड़ सवाल बा कि काउंसिल के बइठक में प्लेटफार्म टिकट से जीएसटी हटावे के प्रस्ताव रेलवे के ओर से कइसे भेज दिहल गइल ?

रेलवे में एसी क्लास टिकटन पऽ जीएसटी

टिकटन पs लागे वाला जीएसटी के पड़ताल कइल गइल तऽ सामने आइल कि रेलवे के खानपान आ एसी क्लास टिकटन पs जीएसटी बा। ऑनलाइन टिकटन पs अलग से स्पष्ट रूप से लिखले बा कि जीएसटी लागेला, बाकिर स्टेशन विंडो से लिहल गइल टिकट पs कुल राशि लिखल रहेला।

स्टेशन से जारी होखे वाला स्लीपर टिकटो जीएसटी नइखे

अंबाला से पटना जाए वाली ट्रेन संख्या 12318 के स्लीपर क्लास में जब टिकट चेक कइल गइल, तऽ 550 रूपिया किराया रहे। एमें 20 रुपये रिजर्वेशन चार्ज, 30 रुपये सुपरफास्ट चार्ज आ 496 बेसिक किराया बा। एहू टिकट पs कहीं जीएसटी नइखे लिहल जात।

एही तरे ट्रेन के थर्ड एसी क्लास में किराया चेक कइल गइल, तऽ एह टिकट के किराया 1435 रूपिया बा, बाकिर एमें 69 रूपिया जीएसटी चार्ज बा, जबकि 40 रूपिया रिजर्वेशन चार्ज आ 45 रूपिया सुपर फास्ट चार्ज बा। सेकेंड एसी में 98 रूपिया तऽ फर्स्ट एसी में 165 रूपिया जीएसटी बा।

फर्स्ट एसी के किराया 3455 रूपिया बा। एमें 60 रूपिया रिजर्वेशन चार्ज आ 75 रुपये सुपरफास्ट चार्ज बा। बेसिक फेयर 3154 रूपिया बा। सेकेंड एसी में 1849 रूपिया बेसिक फेयर बा, जवना में 50 रूपिया रिजर्वेशन चार्ज बा 45 रुपये सुपरफास्ट चार्ज बा, जबकि एकर कुल किराया 2045 रूपिया बा।

प्लेटफार्म पऽ ना लागेला जीएसटी- सीनियर डीसीएम

सीनियर डीसीएम नवीन कुमार झा बतवले कि प्लेटफार्म पs जीएसटी चार्ज ना लगावल जाला। उऽ कहले कि एसी क्लास टिकट पs जीएसटी चार्ज लिहल जाला,  जवन अलग-अलग बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]