[the_ad_group id="30365"]

नारायणी नदी के उफान से 600 घर पानी से घेरइलें, पलायन कs रहल बा लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाली क्षेत्र में भारी बारिश के चलते बाल्मीकि नगर बैराज से लगातार पानी छोड़ल गइले से नारायणी नदी उफान पर बा। जलस्तर में वृद्धि से तटवर्ती क्षेत्र के लोग हलकान बानें। करीब छह मुसहर बस्तियन के छह सौ घर पानी से घिर चुकल बा। संपर्क मार्ग डूब गइले से ग्रामीण सुरक्षित स्थान के ओर पलायन कर रहल बानें। नदी के जलस्तर में वृद्धि से 40 हजार के आबादी प्रभावित बा। धान अउरी गन्ना के फसल डूब गइल बा।
बाढ़ पीड़ित मोहन मुसहर, चंद्रिका प्रसाद, केशव मुसहर, रमावती आदि बतवलें कि नेपाल के बाल्मीकि नगर बैराज से लगातार छोड़ल जा रहल पानी के कारण नारायणी नदी अउरी टेल फाल नहर के जलस्तर लगभग पांच सेंटीमीटर प्रति घंटे की रफ्तार से बढ़ रहल बा। तटवर्तीय इलाका में बसल मुसहर गांव गेड़हवा, कनमिसवा, भेड़ियारी, सकरदीन्ही, बलुआ टोला, औरहवा अउर बैरा टोला के छह सौ घर बाढ़ के पानी के चपेट में बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]