[the_ad_group id="30365"]

रूस दगलस यूक्रेन पर एक दिन में 70 मिसाइल: 297 दिन में ई सबसे बड़ हमला, तीन शहर तबाह; पूरे यूक्रेन में ब्लैकआउट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस सुक्क के यूक्रेन पर अब ले के सबसे बड़ हमला कइलस। रूस एक्के दिन में 70 मिसाइल दाग के यूक्रेन के तीन शहर के तबाह कs दिहलस। यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की के ऑफिस से मिलल जानकारी के मुताबिक, क्रिवी जइसन शहरी इलाका में मिसाइल अटैक से एगो घर गिरले से तीन लोग के मौत हो गइल। उहवें खारसोन में शेलिंग में एगो व्यक्ति के जान गइल।

रूस ई हमला राजधानी कीव अउर यूक्रेन के उत्तर पूर्वी हिस्से खार्किव में कइलें। रूसी हमला के चलते खार्किव अउर सुमी के इलाका में बिजली सप्लाई ठप हो गइल जेकरे चलते पूरे यूक्रेन के ब्लैकआउट के सामना करे के पडल। एगो अधिकारी बतवलें कि यूक्रेन के बिजली सप्लाई आधा कs दिहल गइल बा। अब खाली अस्पताल, वाटर सप्लाई सिस्टम अउर सीवेज ट्रीटमेंट प्लांट्स के ही बिजली सप्लाई कइल जाई।

सुक्क के रूसी हमला के बाद के तस्वीर देखाsवता कि मिसाइल जवने घर के नुकसान पहुंचवले बा, उहवें सैकड़न लोग कड़कड़ाती सर्दी में बिना बिजली के रहे खातिर मजबूर बानें। लोग मेट्रो स्टेशन, बंकर अउर पार्किंग लॉट्स में छिप के रात गुजरलें। उहवें, कई तस्वीर इहो देखावsता कि हमला के दौरान कई लोग के खुलहे में रहे के मजबूर होखे के पड़ल।

जेलेंस्की रूस के कहनें ‘रॉकेट का पुजारी’

राष्ट्रपति जेलेंस्की रात के यूक्रेन के लोग के देर रात एगो वीडियो मैसेज दिहलें। एहमें जेलेंस्की रूस के ‘रॉकेट का पुजारी’ कहलें। ऊ नाटो देश से यूक्रेन के एयर डिफेंस सिस्टम के बेहतर बनावे मदद मंगले। जेलेंस्की कहनें हवाई हमला खातिर अभिनो रूस के लग्गे काफी मिसाइल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]