[the_ad_group id="30365"]

छठ महापर्व पर व्रत रखिहें रूबी आसिफ, समापन पर सूर्य के दीहें अर्घ्य, कहली- कट्टरपंथियन से जान के खतरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय जनता पार्टी के जयगंज मंडल के महिला मोर्चा के उपाध्यक्ष रूबी आसिफ खान पत्नी आसिफ खान निवासी मामूदनगर, शाहजमाल सुक्क के एसएसपी दफ्तर पहुंचकर अपने जान के खतरा बतवले बाड़ी। भाजपा नेत्री बतवली कि उ एगो राष्ट्र भक्त महिला हई अउर उ अल्ला अउर भगवान के एक्के मानेली। ऊ छठ महापर्व पर छठ मईया के पूजा-अर्चना करे के साथ व्रत रख के सूर्य के अर्घ्य देहले के घोषणा कइलें बाड़ी।
भाजपा नेत्री एसएसपी के बतवली कि करीब दू साल पहले अयोध्या में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भगवान श्रीराम के मंदिर के भूमि पूजन कइले रहने। एही दिन ऊ अपने घर में भगवान श्री राम के पूजा-अर्चना कइले रहली। जेके ले के कुछ कट्टरपंथी अउर जिहादी मानसिकता वाले लोग हमरे खिलाफ तमाम पोस्टर लगवलें के साथहिं ही मस्जिद पर बंटववलें रहलें।
एके ले के 19 अगस्त के थाना देहलीगेट पर मुकदमा पंजीकृत करवलें रहली। एसे पहिले भी उनके घर पर हमला भइल रहे, जेमें उनके 11 बरिष के बेटी आशिवा के पेट में गोली लागल रहे। एकर मुकदमा भी चल रहल बा। ऊ बतवली कि उनके मारे खातिर उनके ऊपर गोली चलावल गइल रहे जेमें उ बाल-बाल बच गइल रहली।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]