[the_ad_group id="30365"]

सोनपुर मेला के उद्घाटन मुख्यमंत्री नीतीश कुमार करिहें, तइयारी तेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना के साया से निकलला प दु बरिस के रोक के बाद अबकी बेर विश्‍वप्रसिद्ध सोनपुर मेला के भव्‍य आयोजन के तइयारी शुरू हो गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार हरिहर क्षेत्र सोनपुर मेला के उद्घाटन छव नवंबर के करिहें। हरिहरक्षेत्र मेला के उद्घाटन खातिर मुख्यमंत्री आवे के स्वीकृति दे देले बाड़ें। अब प्रशासन उनका आगमन के तइयारियन में जुट गइल बा। सोनपुर मेला के तइयारियन के लेकर गठित कोषांगन के वरीय प्रभारी आ प्रभारी पदाधिकारियन के अहम बैठक सुक के साँझ के भइल।

कलेक्ट्रेट सभागार में आयोजित समीक्षात्मक बैठक में जिलाधिकारी राजेश मीणा कइयन गो दिशा-निरदेस देलें। मेला के सफलतापूर्वक संचालन खातिर सब संबंधित पदाधिकारियन के समय सीमा के भीतर सब कामन के पूरा करे प बल देलें।

जिला पदाधिकारी बतवलें कि अबकी साल सोनपुर मेला के आयोजन छव नवंबर से सात दिसंबर तक कइल जाई। सोनपुर मेला के सफल आयोजन खातिर सब प्रशासनिक तइयारी पहिले के सालन खातिर अलग-अलग कोषांग के माध्यम से होई। सिविल सर्जन से कहलें कि 24 घंटा चिकित्सक दलन के संगे आवश्यक जीवन रक्षक दवा आ एंबुलेंस के प्रतिनियुक्ति मेला में कइल जाव। जिला पशुपालन पदाधिकारी सब पशुअन के आकस्मिक चिकित्सा के बेवस्था सुनिश्चित करिहें। कार्यपालक अभियंता भवन प्रमंडल बैरिकेडिंग आ वॉच टावर बनवावे के काम करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]