[the_ad_group id="30365"]

बड़ सफलता: 28,000 फर्जी मोबाइल नंबर के भइल पहचान, साइबर चोर लोग के लगावत रहलें फोन कsके चूना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा पुलिस 28,000 अइसन मोबाइल नंबर के पहचान कइले बा जिनकर इस्तेमाल साइबर क्राइम खातिर होत रहल। एह सब नंबर्स के जल्दिए ब्लॉक कइल जाई। एहमें से 27,824  फोन नंबर के पहचान साइबर क्राइम हेल्पलाइन नंबर 1930, cybercrime.gov.in के जरिए भइल बा।

अतिरिक्त पुलिस महानिदेशक (अपराध) ओपी सिंह के मुताबिक एमें से गुरुग्राम के 7,142, फरीदाबाद के 3,896, पंचकूला के 1,420, सोनीपत के 1,408, रोहतक के 1,045, हिसार के 1,228 अउर अंबाला के 1,101 नंबर शामिल बा। एह जिला में ही सबसे ज्यादा फर्जी मोबाइल नंबर के इस्तेमाल साइबर क्राइम खातिर भइल बा।

ए सब मोबाइल नंबर के IMEI नंबर के भी सर्विसांस पर डाल दिहल गइल बा। एकरे अलावा ओ मोबाइल फोन के भी पहचान कइल जा रहल बा जेमें एह नंबर के इस्तेमाल भइल बा। सितंबर से ले के अभीन ले साइबर क्राइम के ले के 47,000 शिकायत मिलल बा। एह अवधि में पुलिस लोग के 15 करोड़ रुपया भी वापस दियवले बा।

आपके जानकारी खातिर बता देईं कि अक्टूबर के राष्ट्रीय साइबर सुरक्षा माह के रूप में मनावल जाला। सिंह साइबर सिक्योरिटी टिप्स देत लोग से टू फैक्टर ऑथेंटिकेशन के ऑन करे के कहले बानें। एकरे अलावा मजबूत पासवर्ड के इस्तेमाल के भी सलाह देहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]