[the_ad_group id="30365"]

विभाजन के जिम्मेदार दल तिरंगा पर राजनीति न करे, राहुल पर RSS के पलटवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पीएम नरेंद्र मोदी के अपील के बादो सोशल मीडिया अकाउंट्स के प्रोफाइल पिक्चर के रूप में तिरंगा के तस्वीर नाइ लगावल गइले के मामले में आरएसएस आलोचकन के नसीहत देहले बा। संघ के एक वरिष्ठ पदाधिकारी राहुल गांधी या कांग्रेस के नाम लिहले बगैर कहलें कि तिरंगा पर राजनीति नाइ कईल जाए के चाहीं। ओन्ने, राहुल लगातार दुसरका दिन एह मामला में संघ पर निशाना साधल गईल बा। एह पर कांग्रेस के नाम लेहले बगैर संघ पदाधिकारी कहलें कि ऊ पार्टी अइसन सवाल उठा रहल बा, जौन देश के विभाजन के जिम्मेदार बा।

सोशल मीडिया में संघ के एह बात के लेके आलोचना कइल जा रहल बा कि उ अपने सोशल मीडिया में तिरंगा के प्रोफाइल पिक्चर काहें नाइ लगवले? मामला तूल पकड़लस त कांग्रेस नेता राहुल गांधी कल कर्नाटक दौरा के वक्त अउर आज फिर आरएसएस पर निशाना सधलें।

राहुल गांधी बुधवार को ट्वीट क के कहले रहने,  ‘इतिहास गवाह बा कि हर घर तिरंगा अभियान चलावे वाले एगो अइसन संगठन से निकलल बा जौन 52 साल ले तिरंगा नाइ फहरवले। उ कहले, स्वतंत्रता संग्राम के समय से ऊ कांग्रेस पार्टी के रोक नाइ पवले अउर आज भी नाइ रोक पइहें।’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]