Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विभाजन के जिम्मेदार दल तिरंगा पर राजनीति न करे, राहुल पर RSS के पलटवार

2,259

पीएम नरेंद्र मोदी के अपील के बादो सोशल मीडिया अकाउंट्स के प्रोफाइल पिक्चर के रूप में तिरंगा के तस्वीर नाइ लगावल गइले के मामले में आरएसएस आलोचकन के नसीहत देहले बा। संघ के एक वरिष्ठ पदाधिकारी राहुल गांधी या कांग्रेस के नाम लिहले बगैर कहलें कि तिरंगा पर राजनीति नाइ कईल जाए के चाहीं। ओन्ने, राहुल लगातार दुसरका दिन एह मामला में संघ पर निशाना साधल गईल बा। एह पर कांग्रेस के नाम लेहले बगैर संघ पदाधिकारी कहलें कि ऊ पार्टी अइसन सवाल उठा रहल बा, जौन देश के विभाजन के जिम्मेदार बा।

सोशल मीडिया में संघ के एह बात के लेके आलोचना कइल जा रहल बा कि उ अपने सोशल मीडिया में तिरंगा के प्रोफाइल पिक्चर काहें नाइ लगवले? मामला तूल पकड़लस त कांग्रेस नेता राहुल गांधी कल कर्नाटक दौरा के वक्त अउर आज फिर आरएसएस पर निशाना सधलें।

राहुल गांधी बुधवार को ट्वीट क के कहले रहने,  ‘इतिहास गवाह बा कि हर घर तिरंगा अभियान चलावे वाले एगो अइसन संगठन से निकलल बा जौन 52 साल ले तिरंगा नाइ फहरवले। उ कहले, स्वतंत्रता संग्राम के समय से ऊ कांग्रेस पार्टी के रोक नाइ पवले अउर आज भी नाइ रोक पइहें।’

305390cookie-checkविभाजन के जिम्मेदार दल तिरंगा पर राजनीति न करे, राहुल पर RSS के पलटवार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.