[the_ad_group id="30365"]

मायावती के बड़ एलान, उप-राष्ट्रपति चुनाव में एनडीए उम्मीदवार जगदीप धनखड़ के करिहें समर्थन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बहुजन समाज पार्टी के अध्यक्ष मायावती उप-राष्ट्रपति चुनाव खातिर एनडीए उम्मीदवार जगदीप धनखड़ के समर्थन देहले के एलान कइलें बाड़ी। उ अपने पार्टी के समर्थन के घोषणा बुधवार के कइली।

मायावती ट्विट करत लिखली कि सर्वविदित बा कि देश के सर्वोच्च राष्ट्रपति पद खातिर चुनाव में सत्ता अउरी विपक्ष के बीच आम सहमति नाइ बन पवलें के वजह से ही एकरे खातिर फिर अन्ततः चुनाव भइल। अब ठीक उहे स्थिति बनले के कारन उपराष्ट्रपति पद खातिर भी दिनांक छह अगस्त के चुनाव होखे जा रहल बा।

ऊ लिखली कि बीएसपी उपराष्ट्रपति पद खातिर हो रहल चुनाव में भी व्यापक जनहित अउरी आपन मूवमेंट के ध्यान में रख के जगदीप धनखड़ के आपन समर्थन देहले के फैसला कइलें बानीं, अउरी एकर हम आज औपचारिक रूप से घोषणा भी कs रहल बानीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]