[the_ad_group id="30365"]

पंचायत उपचुनाव : जौनपुर अउरी सोनभद्र में मतदान जारी, नतीजा प्रभावित करी ब्लॉक के समीकरण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोनभद्र जिला में क्षेत्र पंचायत सदस्य के दू खाली सीटन समेत कुल तीन पदन अउरी जौनपुर जिला के छह ब्लॉकन में रिक्त चल रहल पांच ग्राम प्रधान अउरी तीन बीडीसी सदस्य खातिर आज उपचुनाव हो रहल बा। सुबह सात बजे से कड़ सुरक्षा के बीच मतदान जारी बा। सोनभद्र में कुल छह बूथ पर वोट पड़ रहल बा। बीडीसी सदस्य के दूनों पदन पर लड़ाई रोचक बा।

एह सीटन के परिणाम से ब्लॉक प्रमुख के समीकरण पर असर तय मानल जा रहल बा। लिहाजा सत्ताधारी दल अउरी विपक्ष से जुड़ल लोग भी अपने उम्मीदवारन के पलड़ा भारी करे में जुटल बा। गांव में सुरक्षा के भी कड़ इंतजाम कईल गइल बा। सकुशल चुनाव करावे खातिर मजिस्ट्रेट के ड्यूटी लगावल गईल बा।

सोनभद्र जिला में क्षेत्र पंचायत के पांच अउरी ग्राम पंचायत सदस्य के 39 पद खाली रहल। नामांकन प्रक्रिया के दौरान क्षेत्र पंचायत सदस्य के तीन पदन पर निर्विरोध चुनाव पूर्ण भईल। उहवें ग्राम पंचायत के 34 सदस्य भी निर्विरोध चुनल गईल। चार पदन पर कौनों नामांकन नाई भइल, जबकि एक पद पर दू उम्मीदवारन के मैदान में होखे से उहां मतदान करावे के निर्णय लेहल गईल।

सोनभद्र में एह बूथ पर हो रहल बा मतदान

सदर ब्लॉक कार्यालय के तियरा नायक गांव से क्षेत्र पंचायत सदस्य के पद खातिर दू मतदान केंद्रन पर बनल तीन बूथन पर वोट पड़ रहल बा। उहवें दुद्धी ब्लॉक के हथवानी गांव में क्षेत्र पंचायत सदस्य की रिक्त सीट पर उपचुनाव खातिर दो बूथ अउरी एही ब्लॉक के मेदनीखाड़ में ग्राम पंचायत सदस्य के एक पद खातिर मतदान जारी बा।

संबंधित एसडीएम के जोनल मजिस्ट्रेट बनावल गईल बा, जबकि तीनों जगह  खातिर एक-एक सेक्टर मजिस्ट्रेट तैनात बाने। सुबह से ही अफसर केंद्र पर मौजूद रह के कानून व्यवस्था पर नजर बनवले बाने। उप जिला निर्वाचन अधिकारी सहदेव मिश्र बतवले कि तीन पदन खातिर छह बूथन पर मतदान शांतिपूर्ण ढंग से चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]