[the_ad_group id="30365"]

देश के आजू मिलीं 6 गो उनका वंदे भारत आ 2 गो अमृत भारत एक्सप्रेस, जानि रूट, टाइमिंग आ का होई किराया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री नरेद्र मोदी आजू अयोध्या (PM Modi in Ayodhya) में बाड़े। इंहा पीएम मोदी 2 गो अमृत भारत एक्सप्रेस अउर 6 गो न‌उका वंदे भारत ट्रेनन के हरिहर झंडा दिखाइल ग‌इल । साथे पुनर्विकसित अयोध्या धाम जंक्शन रेलवे स्टेशन कs भी उद्घाटन क‌इल ग‌इल। उs इहां न‌उका अयोध्या एयरपोर्ट के भी लॉन्च करींहे । साथे पीएम 4 गो न‌उका पुनर्विकसित अउर चौड़ा भ‌इल सड़कन कs उद्घाटन करीहें। पीएम आजू 15,700 करोड़ रुपिया के कई गो डेवलपमेंट प्रोजेक्ट्स के नींव रखीये। देश के आजू वंदे भारत ज‌इसन रफ्तार, लेकिन कम किराया वाला न‌उका ट्रेन मिल ग‌इल । पीएम आजू देश के पहिला अमृत भारत एक्सप्रेस (Amrit Bharat Express Train) के हरीयर झंडा देख‌वने ।

लॉन्च भ‌इल 2 गो अमृत भारत एक्सप्रेस

वंदे भारत ट्रेन आ अमृत भारत ट्रेन के रफ्तार एक ज‌इसन होई। इ न‌उका ट्रेन 130 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ्तार से द‌उड़ी। प्रधानमंत्री मोदी 30 दिसंबर के मने आजू पहिलका अमृत भारत एक्सप्रेस के हरीयर झंडा दिखवने हs। इ अमृत भारत एक्सप्रेस अयोध्या के सीता माता के जन्मस्थल बिहार के सीतामढ़ी से जोड़ी। इs ट्रेनन कs रूट बिहार के दरभंगा से अयोध्या होत दिल्ली तक होइ। आजे एक गो अउर अमृत भारत एक्सप्रेस के हरीयर झंडा दिखावल ग‌इल। इs ट्रेन मालदा से बेंगलुरू ले जाइ। इकरे अलावा पीएम मोदी 6गो न‌उका वंदे भारत ट्रेन के हरीयर झंडा दिखावल ग‌इल ।

इs 6 गो न‌उका वंदे भारत ट्रेन भ‌इल लॉन्च

पीएम मोदी 30 दिंसबर माने आजू 6 गो न‌उका वंदे भारत ट्रेनन के हरीयर झंडा दिखाइल ग‌इल। इ 6 न‌उका वंदे भारत ट्रेन हंवे अयोध्या-आनंद विहार वंदे भारत, नई दिल्ली-वैष्णो देवी वंदे भारत, मैंगलोर-मडगांव वंदे भारत एक्सप्रेस, अमृतसर-नई दिल्ली वंदे भारत, जालना-मुंबई वंदे भारत आ कोयंबटूर-बेंगलुरू वंदे भारत शामिल बाड़े।

दिल्ली से अयोध्या जाइल भ‌इल आसान

22 जनवरी के रामलला के प्राण प्रतिष्ठा होखी। अइसे में रेलवे देशभर से अयोध्या ले पहुंचल आसान बन‌उले के खातीर कई गो न‌उका ट्रेन चलावत बा। अगर आप सभे दिल्ली से अयोध्या जाइल चाहत बाड़े, तs वंदे भारत ट्रेन से जा सकल बांटे। 30 दिसंबर आजू पीएम मोदी दिल्ली-अयोध्या वंदे भारत ट्रेनन के हरीयर झंडा दिखवलवे। दिल्ली के आनंद विहार टर्मिनल से अयोध्या जाए वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के ट्रेन नंबर 22426 हs। ईs सप्ताह में छ दिन चली। बुध के दिन इs ट्रेन नाही चली।

इs होइ टाइमिंग

वंदे भारत एक्सप्रेस आनंद विहार टर्मिनल से सुबह 6:10 पे रवाना होइ। इs ट्रेन सुबह 11 बजे कानपुर पहुंची। इs दुपहरिया 12:25 बजे लखनऊ आके 12:30 बजे रवाना होई। इकरा बाद दोपहरिया 2:35 बजे इs ट्रेन अयोध्या पहुंची। ल‌उटले में ट्रेन नंबर 22425 वंदे भारत एक्सप्रेस अयोध्या से दोपहरिया 3:15 बजे रवाना होई। इs सांझ के 5:15 बजे लखनऊ पहुंची। इहां से सांझ के 5:20 पे रवाना होइ। इs ट्रेन लखनऊ से कानपुर पहुंच के सांझ के 6:35 पे उहां से रवाना होई। एकरा बाद रात के 11:40 बजे भारत आनंद विहार पहुंची। आनंद विहार से अयोध्या ले के एसी चेयरकार कs किराया करीब 1,420 रुपिया होइ। ओहीं, एग्जीक्यूटिव क्लास कs किराया 2,760 रुपिया प्रस्तावित बा।

अमृत भारत ट्रेन कs किराया

अमृत भारत एक्सप्रेस ट्रेन के किराया वंदे भारत के तुलना में काफी कम बा। इ एगो नॉन एसी ट्रेन बा। इs ट्रेन में एक कलोमीटर से 50 किलोमीटर के बीचे यात्रा करे के न्यूनतम किराया 35 रुपिया हवे। एमें ररिजर्वेश आ दूसरका चार्जेज शामिल नाहीं बा। रेलवे के अधिकारियन के अनुसार, अमृत भारत ट्रेन के स्लीपर आ सेकेंड क्लास के किराया मौजूदा मेल आ एक्सप्रेस ट्रेनन के तुलना में 15 से 17 फीसदी ज्यादा होई।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]