[the_ad_group id="30365"]

मोदी सरकार लिहलस बड़ फैसला, LPG सिलेंडर के दाम में एतना रुपिया के कटौती कइले, जानीं ताजा रेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मोदी सरकार एगो बड़हन फैसला लिहले बिया। अंतरराष्ट्रीय सूचकांक में नरम होखे के बीच बियफे के दिने व्यावसायिक उपयोग खातिर 19 किलो एलपीजी सिलेंडर के दाम में 39.50 रुपिया के कटौती भइल। हालांकि घरेलू उपयोग के एलपीजी सिलेंडर (14.2 किलो) के कीमत 903 रुपिया बनल बा। सार्वजनिक क्षेत्र के पेट्रोलियम कंपनी के ओर से जारी अधिसूचना के मुताबिक, राष्ट्रीय राजधानी में अब होटल अवुरी रेस्तरां जईसन अलग प्रतिष्ठान में इस्तेमाल होखेवाला व्यावसायिक एलपीजी के दाम 1,757 रुपिया होई, जवन कि पहिले 1,796.50 रुपिया रहे।1 दिसंबर के वाणिज्यिक एलपीजी के दाम बढ़ल रहे।

पेट्रोल आ डीजल के दाम में कवनो बदलाव ना भइल

अब कमर्शियल एलपीजी के दाम मुंबई में 19 किलो के सिलेंडर 1710 रुपिया, कोलकाता में 1868.50 रुपिया अवुरी चेन्नई में 1929 रुपिया होई। स्थानीय कर के आधार पs राज्य के हिसाब से दर अलग-अलग होला। एलपीजी के दाम तय करे खातिर इस्तेमाल होखे वाला सूचकांक सऊदी के अनुबंध मूल्य (सीपी) पिछला कुछ हफ्ता से अधिका आपूर्ति के चिंता के बीच नरम हो गइल बा। पेट्रोल आ डीजल के दाम लगातार 21वां महीना से स्थिर रहल बा। राष्ट्रीय राजधानी में पेट्रोल के भाव 96.72 रुपिया प्रति लीटर आ डीजल के भाव 89.62 रुपिया प्रति लीटर बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]