[the_ad_group id="30365"]

अबे ले नइखी भरले ITR? अब बचल बा खाली 1 दिन, एसे चूकनी तs जानीं का होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

आयकर विभाग करदाता लोग के याद दिअवले बा कि अगर उs लोग अबे ले वित्तीय वर्ष 2022-23 के आईटीआर दाखिल नईखन कईले तs 31 दिसंबर से पहिले दाखिल करस। आयकर रिटर्न दाखिल करे के आखिरी तारीख 31 जुलाई के रहे। एह समय सीमा से चूक जाए वाला लोग 31 दिसंबर 2023 तक लेट फीस के संगे आईटीआर दाखिल कs सकतारे। एही समय सीमा में भी काल्ह ही बाचल बा। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स (पहिले ट्विटर) पs आयकर विभाग करदाता से साल के अंत से पहिले आपन आयकर रिटर्न दाखिल करे के कहलस।

बिलेटेड/रिवाइज्ड आईटीआर खातिर ईs आखिरी मउका बा

आयकर विभाग एक्स पs लिखले बा कि, ‘करदाता कृपया ध्यान दीं, आकलन वर्ष 2023-24 खातीर देरी से/संशोधित आईटीआर दाखिल करे के आपके अंतिम मउका 31 दिसंबर 2023 ले बा।’ समय सीमा से पहिले आपन आयकर रिटर्न दाखिल कs लीं। जरुरी बात इ बा कि आईटीआर दाखिल कईला के बाद अगिला 30 दिन के भीतर एकर सत्यापन करे के होई। अगर अइसन ना भइल तs आयकर विभाग एकरा के प्रक्रिया ना करी।

अगर 31 दिसंबर ले आईटीआर दाखिल ना भईल तs का होई?

अगर रउरा 31 दिसंबर ले देर से आईटीआर दाखिल ना कर पइब त ओकरा बाद एह आकलन साल खातिर आयकर रिटर्न दाखिल ना कर पइब. एह लोग के अगिला आकलन साल में जुर्माना के संगे दाखिल करे के होई। एकरा संगे-संगे जदी आप आईटीआर दाखिल कईले बानी लेकिन 31 दिसंबर के अंतिम तिथि तक गलती सुधार ना पावत बानी तबो मौका मिली। रउआँ अपडेट कइल आईटीआर फाइल कर सकेनी। फाइनेंस एक्स 2022 में अपडेट रिटर्न पेश कईल गईल रहे, एहसे आईटीआर दाखिल करे में जादा समय मिलेला। एकरा तहत रउआ आपन पिछला आईटीआर अपडेट कर सकेनी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]