Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन : भुसावल मंडल में यार्ड रिमॉडलिंग के कारण बदलाव, छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्स. जलगांव-उधना-वसई रोड से चली 

277
यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर मध्य रेलवे के भुसावल मंडल के जलगांव-मनमाड रेलखण्ड के बीच इस्थित चालीसगांव स्टेशन यार्ड रिमॉडलिंग काम खातिर प्री-नॉन इंटरलाॅक आ नाॅन इंटरलॉक काम कइल गइला के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन, नियंत्रण आ पुनर्निर्धारण कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करते हुए देले बाड़ें। छपरा से चले वाली ट्रेनन के  मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा।

मार्ग परिवर्तन-

– गोरखपुर से 15 अप्रिल के चले वाली 15065 गोरखपुर-पनवेल एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग जलगांव-उधना-वसई रोड के रास्ते चली।

– छपरा से 15 अप्रिल के चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग जलगांव-उधना-वसई रोड के रास्ते चली।

नियंत्रण-

– छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 12534 छत्रपति शिवाजी टर्मिनस-लखनऊ जं. एक्सप्रेस 15 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

– गोरखपुर से 15 अप्रिल के चले वाली 15018 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस एक घंटा 45 मिनट नियंत्रित कs के चली।

पुनर्निर्धारण-

– लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 20103 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस लोकमान्य तिलक टर्मिनस से तीन घंटा पुनर्निर्धारित कs के निर्धारित समय 05:23 बजे के  स्थान पs 08:23 बजे चलावल जाई।

– लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 15017 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस लोकमान्य तिलक टर्मिनस से दु घंटा 45 मिनट पुनर्निर्धारित कs के निर्धारित समय 06:35 बजे के स्थान पs 09:20 बजे चलावल जाई।

789700cookie-checkछपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन : भुसावल मंडल में यार्ड रिमॉडलिंग के कारण बदलाव, छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्स. जलगांव-उधना-वसई रोड से चली 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.