[the_ad_group id="30365"]

Rohit Sharma Injured: सेमीफाइनल से पहिले नेट्स में हिटमैन भइलें चोटिल, जानीं केतना सीरियस बा ममिला?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के बियफे 10 नवंबर के इंग्लैंड के खिलाफ टी20 विश्व कप 2022 के सेमीफाइनल मुकाबला खेले के बा। एही वजह से मंगर के भारतीय टीम एडिलेड में अभ्यास करे उतरल, जहां शुरुआती लम्हन में सभे केहू ई देखके हैरान हो गइल, जब कप्तान रोहित शर्मा चोट के कारण नेट्स से बाहर हो गइलें। हालांकि, जल्दिये राहत के खबरो भारतीय कैंप से देखे के मिलल आ ऊ दुबारा प्रैक्टिस करे उतरलें।

असल में, रोहित शर्मा जब नेट्स में बैटिंग करत रहस त थ्रो डाउन स्पेशलिस्ट हरि के एगो गेना उनका दहिना हाथ में जाके लागल, जवना से ऊ तनिका असहज नजर अइलें आ तनिका सा दर्द महसूस भइलें त थ्रो डाउन स्पेशलिस्ट उनका लगे पहुंचल, बाकिर रोहित आपन बैट रख देले आ हाथ से ग्लव्स निकाल देले रहस। एकरा बाद ऊ नेट्स से बाहर चल गइलें।

राहुल द्रविड़ खुद नेट्स में मवजूद रहलें। कुछे समय में फीजियो आ डॉक्टर रोहित शर्मा के लगे पहुंचल लो, जहां ऊ रोहित के चोट के जांच कइलें। फीजियो उनका हाथ के तनिका सा मालिश कइलें आ कुछ देर रोहित शर्मा ड्रिंक्स बॉक्स प बइठल रहलें। एही बीच राहुल द्रविड़ के संगे ऊ बात कइलें आ फेर ऊ दोबारा नेट्स में उतर गइलें। पहिले त ऊ कुछ गेना बिना स्टिक के खेललें, बाकिर बाद में स्टिक से थ्रो डाउन करे के कहलें।

चोटिल होखला के बाद फेर से नेट्स में उतरल रोहित शर्मा खातिर पहिले त थ्रो डाउन स्पेशलिस्ट हरि बिना स्टिक के गेंदबाजी कइलें, बाकिर जब छव शॉट रोहित खेल लेले त कहलें कि अब स्टिक से डालs। ऊ जब तीन गो शॉट अच्छा से खेल लेलें त कोच राहुल द्रविड़ ताली बजवलें। एह तरे भारत खातिर राहत के खबर रहल कि कप्तान रोहित शर्मा नॉकआउट मैच से पहिले पूरा तरे फिट बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]