Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T20 वर्ल्ड कप : टीम इंडिया खातिर बन रहल बा 2007 वाला संयोग, का एमएस धोनी के रिकॉर्ड के बराबरी कs पइहें ‘हिटमैन’

575

सेमीफाइनल में जगह बनवतही टीम इंडिया के ट्रॉफी जितले के संयोग भी बनत नजर आ रहल बा काहेसेकि 2007 टी20 वर्ल्ड कप में जइसन समीकरण टीम इंडिया खातिर बनल रहे, कुछ ओइसहीं समीकरण 15 साल बाद बनत नजर आ रहल बा।

टी20 वर्ल्ड कप के रोमांच अपने चरम पर बा। सेमीफाइनल के चार टीम सामने आ चुकल बा। अतवार के सुपर 12 के आखिरी तीन मुकाबला खेलल गइल, जेमें बड़ उलटफेर करत नीदरलैंड के टीम दक्षिण अफ्रीका के हरा के सेमीफाइनल के दौड़ से बाहर कs दिहलें। जबकि बांग्लादेश के हरा के पाकिस्तान अउर जिंबाब्वे के हरा के भारत के टीम ग्रुप दू से सेमीफाइनल में पहुंचल, उहवें ग्रुप एक से इंग्लैंड अउर न्यूजीलैंड के टीम अंतिम चार में पहुंचल बा। ओंने सेमीफाइनल में जगह बनवते टीम इंडिया के ट्रॉफी जितले के संयोग भी बनत नजर आ रहल बा। काहेसेकि 2007 टी20 वर्ल्ड कप में जइसन समीकरण टीम इंडिया खातिर बनल रहे, कुछ ओइसहीं समीकरण 15 साल बाद बनत नजर आ रहल बा।

15 साल बाद भारत अउर पाकिस्तान एक संगे सेमीफाइनल खातिर क्वालीफाई

लगातार दू मैच हरले के बाद टूर्नामेंट से बाहर होखले के कगार पर पहुंच चुकल पाकिस्तान के टीम सेमीफाइनल में जगह बना के सबके चौका दिहलस। हालांकि एकरे खातिर पाक टीम नीदरलैंड के धन्यवाद कर रहल बा, काहेसेकि अगर अपने आखिरी मुकाबला में दक्षिण अफ्रीका के नाइ हरावत त पाकिस्तान के सेमीफाइनल में पहुंचल मुश्किल रहल। बहरहाल भारत अउर पाकिस्तान के टीम सेमीफाइनल में पहुंच चुकल बा। ई संयोग 15 साल बाद दोबारा हो रहल बा। 2007 टी20 वर्ल्ड कप में भी भारत अउर पाकिस्तान के टीम एक साथ सेमीफाइनल में पहुंचल रहल। क्रिकेट के इस छोट फॉर्मेट में भारत अबतक 4 बार अउर पाकिस्तान के टीम छठवी बेर सेमीफाइनल में पहुंचल बा।

रोहित शर्मा के लग्गे एमएस धोनी के रिकॉर्ड के बराबरी कइले के मौका

भारतीय टीम पहिला बेर टी20 वर्ल्ड कप के खिताब एमएस धोनी के कप्तानी में 2007 में जीतल रहे। ओकरे बाद से 15 साल गुजर गइल, लेकिन भारत दूबारा टी20 वर्ल्ड कप नाइ जीत पवलस। लेकिन एह बेर कप्तान रोहित शर्मा के लग्गे एमएस धोनी के रिकॉर्ड के बराबरी कइले के मौका बा। अइसन एहलिए काहेसेकि 15 साल बाद फिर से टीम इंडिया खातिर 2007 वाला संयोग बनत दिख रहल बा। 15 साल पहिलहू पाकिस्तान अउर भारत के टीम सेमीफाइनल में पहुंचल रहे। बड़ बात बा कि ओह समय भी न्यूजीलैंड अउर पाकिस्तान के टीम के बीच सेमीफाइनल के पहिला मुकाबला खेलल गइल रहे। हालांकि दूसरे मुकाबले में भारत अउर ऑस्ट्रेलिया के सामना भइल रहे। जेमें न्यूजीलैंड के हरा के पाकिस्तान अउर ऑस्ट्रेलिया के रौंद के टीम इंडिया फाइनल में पहुंचल रहे।

पाकिस्तान के हराकर भारत पहिला टी20 वर्ल्ड कप जीतल रहे

2007 टी20 वर्ल्ड कप में भारत पाकिस्तान के हरा के खिताब अपने नाम कइले रहल। ओ समय भारत पाकिस्तान के 5 रन से हरवले रहे। पाकिस्तान के टीम लगभग मुकाबला जीत लिहले रहे, लेकिन कप्तान एमएस धोनी के चतुराई भरल कप्तानी भारत के ट्रॉफी दिया दिहले रहे।

372040cookie-checkT20 वर्ल्ड कप : टीम इंडिया खातिर बन रहल बा 2007 वाला संयोग, का एमएस धोनी के रिकॉर्ड के बराबरी कs पइहें ‘हिटमैन’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.