[the_ad_group id="30365"]

आसिफ तनलें फरीद पर बल्ला, मैच के बाद अफगान के फैन लोग पाकिस्तानियन के जम के कइलें पिटाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप 2022 में पाकिस्तान अउरी अफगानिस्तान के बीच मैच के बाद कुछ अइसन भइल, जेसे सब क्रिकेट फैंस नाखुश बानें। एह मैच में पाकिस्तान अफगानिस्तान के एक विकेट से हरा देहलस अउर रोमांचक जीत दर्ज कइलस। एकरे बाद दूनों टीम के फैंस स्टेडियम में ही भिड़ गइलें। एह घटना के वीडियो भी सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा।
एह दौरान अफगानिस्तान के फैंस स्टेडियम के कुर्सी निकाल के पाकिस्तानी फैंस के दउड़ा-दउड़ा के मरलें। स्टेडियम के बाहर भी पाकिस्तानी फैंस से मारपीट भइल। एह घटना के वीडियो भी वायरल हो रहल बा अउरी अब शारजाह पुलिस से एह मामले में जांच के मांग कइल गइल बा।
https://twitter.com/Jiaur119114444/status/1567697424873041921?t=ELd2uztcNBEJ60t5PagiLA&s=19

फरीद से भिड़ गइल रहलें आसिफ

इस मैच में दूसरा पारी के 19वां ओवर अफगानिस्तान के फरीद करत रहलें। पाकिस्तान के आसिफ अली ओवर के चउथा गेंद पर छक्का लगवलें लेकिन अगलही गेंद पर आउट हो गइलें। एकरे बाद फरीद उनके मैदान से बाहर जाए के इशारा कइलें अउर कुछ शब्द भी कहलें। जवाब में आसिफ भी कुछ कहलें अउरी मामला एतना बढ़ गइल की आसिफ  फरीद के मारे खातिर बल्ला तान लिहलें। अंत में अंपायर बीच-बचाव के लिए अइलें अउर मामला शांत भइल।
https://twitter.com/SafwanAnsari95/status/1567594311922892801?t=NBj_vPPyQ7-NoFC4uSyDzQ&s=19

एकरे बाद 20वें ओवर में पाकिस्तान के जीत खातिर 11 रन के जरूरत रहल अउर नसीम शाह शुरुआती दू गेंद में दू छक्के लगा के अपनी टीम के हारल मैच जिता दिहलें। एह मैच में अफगानिस्तान 20 ओवर में छह विकेट खोकर 129 रन बनवले रहे। एकरे जवाब में पाकिस्तान नौ विकेट पर 131 रन बना के चार गेंद रहतही मुकाबला जीत लिहलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]