PAK vs SL Asia Cup Final: एशिया कप फाइनल आज, श्रीलंका के छठवा आ पाकिस्तान के तीसरा बेर चैंपियन बने पs नजर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 11, 2022

एशिया कप टी-20  का फाइनल मुकाबला अतवार के श्रीलंका आ पाकिस्तान के बीच खेलल जाई। आर्थिक संकट के बीच अगर श्रीलंका टूर्नामेंट जीतत बा तs ओकरा देशवासियन के खुशी के कुछ लम्हा मिली। बाकिर एकरा

Share

एशिया कप टी-20  का फाइनल मुकाबला अतवार के श्रीलंका आ पाकिस्तान के बीच खेलल जाई। आर्थिक संकट के बीच अगर श्रीलंका टूर्नामेंट जीतत बा तs ओकरा देशवासियन के खुशी के कुछ लम्हा मिली। बाकिर एकरा खातिर ओकरा पाकिस्तान जइसन मजबूत टीम के तीन दिन के भीतर दू बेर हरावे के होई। श्रीलंका एक तरह से एशिया कप के मेजबान बा, बाकिर सुरक्षा कारणन से ऊ एकर आयोजन अपना देश में ना कs पाइल आ एहिसे संयुक्त अरब अमीरात के एह टूर्नामेंट के आयोजित करे के मौका मिलल। दुनो के बीच ई फाइनल में चउथा टक्कर होई। पिछला  तीन में से दु बेर श्रीलंका जीते में सफल रहल बा।

दासुन शनाका के अगुवाई वाली श्रीलंकाई टीम के सुपर चार के प्रदर्शन को देखत ई कहल जा सकत बा कि बाबर आजम के अगुवाई वाली पाकिस्तानी टीम खातिर चुनौती कवनो तरे से आसान ना होई। चाहे ऊ एशियाई क्रिकेट परिषद होखे भा फेर दुबई के दर्शक, सभे चाहत रहे कि फाइनल मुकाबला भारत आ पाकिस्तान के बीच होखे, बाकिर श्रीलंका बेहतरीन प्रदर्शन कs के सब समीकरण बिगाड़ देलस।
ऊ सुक के फाइनल के अपना प्रतिद्वंदी पाकिस्तान के खिलाफ सुपर चार के अंतिम मैच में आसान जीत दर्ज कइले रहे। एसे ओकर टीम फाइनल में बढ़ल मनोबल के संगे उतरी, बाकिर दुबई में पाकिस्तान के दर्शकन के अपार समर्थन मिले के संभावना बा आ अइसन में बाबर आजम, मोहम्मद रिजवान, मोहम्मद नवाज आ नसीम शाह जइसन खिलाड़ी अपना सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन करे के कोसिस करी लो।

ओपनर मेंडिस-पाथुम के जुगलबंदी  

दुष्मंथा चमीरा जैसे अनुभवी गेंदबाज के अनुपस्थिति के बावजूद श्रीलंका के आक्रमण मजबूत नजर आवत बा जबकि बल्लेबाजी में ओकरा लगे कुसल मेंडिस आ पाथुम निसांका के रूप में दु गो शानदार सलामी बल्लेबाज बा लो, जे निम्मन सुरूआत दिलावे में सक्षम बा लो।  दनुष्का गुणतिलका, भानुका राजपक्षे, शनाका आ करुणारत्ने उपयोग जोगदान देले बा लो। एशिया कप के पांच मैचन में अब तक श्रीलंकाई बल्लेबाज लो 28 छक्का आ 62 चौका लगवले बा लो, जवना से ओह लो के आक्रामक रवैया के पता चलत बा। गेंदबाजी में महेश तीक्ष्णा आ वानिंदु हसरंगा स्पिन विभाग के बखूबी संभरले बा लो, जबकि दिलशान मधुशंका मुख्य तेज गेंदबाज के जिम्मेदारी बहुते सराहनीय रूप से निभवले बाड़े।

बाबर के फॉर्म चिंता के विषय

एकरा उल्टा पाकिस्तान अपना कप्तान आ सर्वश्रेष्ठ बल्लेबाज बाबर के फॉर्म के लेके चिंतित बा जे अब तक पांच मैचन में खाली 63 रन बनवले बाड़े। ऊ फाइनल में निश्चित तौर पs बड़ पारी खेले के कोसिस करिहें। गेंदबाजी अभियो पाकिस्तान के मजबूत पक्ष नजर आवत बा। नसीम शाह के खेल में लगातार सुधार हो रहल बा जबकि हैरिस रऊफ आ मोहम्मद हसनैनो अच्छा प्रदर्शन कs रहल बा लो। ओकर दुनो स्पिनर लेग ब्रेक गेंदबाज शादाब खान आ बाया हाथ के स्पिनर मोहम्मद नवाज प्रभावशाली प्रदर्शन कइले बा लो।
टॉस निभा रहा अहम भूमिका

दुबई में हालांकि टॉस के भूमिका महत्वपूर्ण रहल बा आ अइसन में पहिले बल्लेबाजी करे वाला टीम के नुकसान होला। पाकिस्तान के अइसहू पहिले बल्लेबाजी करत प्रदर्शन निम्मन नइखे रहल। ऊ भारत आ श्रीलंका के खिलाफ जवन मैच गंववलस ओमे ऊ पहिले बल्लेबाजी कइले रहे।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

श्रीलंका: पथुम निसांका, कुसल मेंडिस (विकेटकीपर), चरिथ असालंका/ धनंजया डी सिल्वा, दनुष्का गुणतिलका, भानुका राजपक्षे, दासुन शनाका (कप्तान), वानिंदु हसरंगा, चमिका करुणारत्ने, महेश तीक्षणा, प्रमोद मदुशन/ असिथा फर्नांडो, दिलशान मदुशंका।

पाकिस्तान: मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), बाबर आजम (कप्तान), फखर जमान, इफ्तिखार अहमद, शादाब खान, मोहम्मद नवाज, आसिफ अली, खुशदिल शाह, हारिस रऊफ, नसीम शाह, मोहम्मद हसनैन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.