[the_ad_group id="30365"]

रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज: आजु ग्रीनपार्क में सचिन करिहें अभ्यास, मैच के तइयारी हो चुकल बा पूरा, पिचओ बा तइयार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज टी-20 मैच के ले के मंगर से टीम के खिलाड़ियन के कानपुर आइल शुरू हो गइल बा। मास्टर ब्लास्टर सचिन तेंदुलकर बुध के कानपुर आ जइहें अउरी साँझ के पांच बजे ग्रीनपार्क में अभ्यासो करिहें। हालांकि टीम इंडिया बियफे के आई।
उहवें, ग्रीनपार्क में मैच के तैयारी पूरा कइल जा चुकल बा। अभ्यास खातिर पिच भी तैयार हो गइल बा। बुध के पिच से कवर हटावल जाई। मैदान के साफ-सफाई के काम जोर से चलsता। स्टेडियम में दर्शक दीर्घा, न्यू प्लेयर्स पवेलियन, कमेंट्री बॉक्स, मीडिया सेंटर आदि जगह पर काम शुरू हो गइल बा।

कंपनी के अधिकारी लोग ग्रीनपार्क पहुंचकर तैयारी के जायजा लिहल। दोपहर 2 बजे एडीएम सिटी अतुल कुमार कंपनी के अधिकारियन के संगे ग्रीनपार्क के निरीक्षण कइलें। दर्शक दीर्घा के तरफ जा के उहां के सफाई व्यवस्था देखलें। टूटल कुर्सियन जल्द मरम्मत करावे के कहलें। मीडिया सेंटर के भी निरीक्षण कइलें। बता देईं कि होटल लैंडमार्क में इंडिया, इंग्लैंड अउर साउथ अफ्रीका के टीम रुकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]