[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर खिचड़ी मेला में चलावल जाई 25 इलेक्ट्रिक बस, मेला स्पेशल बन के चलिहें सब ई बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खिचड़ी मेला में 25 इलेक्ट्रिक बस लगावल जाई जौन देश-विदेश से मेला में आवे वाले श्रद्धालुअन के सुविधा के अनुसार अलग-अलग रूट पर चलावल जाई। उहवें 25 इलेक्ट्रिक बस अस्थायी तौर पर लखनऊ से मंगवावल जा रहल बा ताकि श्रद्धालुअन के कौनो तरह के दिक्कत न होखे।
ई बात नगर आयुक्त अविनाश सिंह बियफ़े के कमहेसरा बस डिपों में दू टूरिस्ट बस के ट्रायल के दौरान कहनें। ऊ टूरिस्ट बस के हरिहर झंडी दिखवले के बाद बतवलें कि खिचड़ी मेला के दौरान एह दूनों टूरिस्ट बस के खिचड़ी मेला स्पेशल बस के रूप में नकहा अउर सूरजकुंड पर श्रद्धालुअन के सुविधा खातिर लगावल जाई। एह दौरान खिचड़ी मेला खातिर इस्तेमाल होखे वाले वायरलेस के भी ट्रायल नगर आयुक्त के मौजूदगी में कइल गइल।
एह अवसर पर मंदिर के प्रधान पुजारी योगी कमलनाथ, द्वारिका तिवारी, वीरेंद्र सिंह, अपर नगर आयुक्त दुर्गेश मिश्रा, संजय शुक्ला, अविनाश प्रताप सिंह, संजय चौहान, देवेंद्र आदि लोग मौजूद रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]