[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के तारामंडल क्षेत्र में पुलिया के लग्गे सड़क धंसल, आफत में जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के तारामंडल क्षेत्र स्थित जैमिनी गार्डेनिया के लग्गे अउर बौद्ध संग्रहालय के चहारदीवारी से सटल पुलिया के लग्गे सड़क धंस गइल बा। एसे बाइक सवार गिर के घाही हो रहल बा। जान आफत में पड़ल रहे। एके ले के आसपास के लोग में नाराजगी बा
उनकर कहनाम बा कि तारामंडल क्षेत्र से निकलल नाला जोड़े खातिर सड़क तूड़ के पुलिया बनवावल गइल। लेकिन दुरा सड़क बनवावे खातिर गुणवत्ता के ख्याल नाइ रखल गइल। एह पर कार्यदायी संस्था अउर ठेकेदार के जिम्मेदारी तय कइल जाए के चाहीं।
जहां सड़क धंसल बा, उहां रात में अन्हार रहsला। लिहाजा, उहां से गुजरे वाले वाहन में जबरदस्त झटका लागsला। सहारा इस्टेट के बहार क्लस्टर में रहे वाले सत्य प्रकाश के पत्नी संतोषी सोमार के एही स्थान पर बाइक से गिर के गंभीर रूप से घायल हो गइल। उ करवाचौथ व्रत खातिर खरीदारी करे गइल रहलें। पति के संगे बाइक पर पीछे बैठ के आवत रहली। लेकिन, नौकायन केंद्र से जैमिनी गार्डेनिया के ओर बढ़तही हादसा के शिकार हो गइली।

सत्यप्रकाश के कहनाम बा कि पुलिया के लग्गे जौन सड़क धंसल बा, ऊ बाइक चाहे फिर चौपहिया वाहन चालक के नाइ दिखsला। नवनिर्मित पुलिया के हिस्सा सड़क से ऊपर हो गइल। एह वजह से वाहन में जोरदार झटका लागsला। झटका से ही बाइक पर पीछे बइठल पत्नी उछल के नीचे गिर गइली अउर उनके गंभीर चोटें आइल। ई सब घटिया निर्माण के नतीजा ह। कार्यदायी संस्था के अफसरन के सथही ठेकेदार के खिलाफ कड़ कार्रवाई होखे के चाहीं। अगर सड़क के मरम्मत नाइ करावल गइल त बड़ हादसा के खतरा बनल रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]