[the_ad_group id="30365"]

अब गाय से लड़ल वंदे भारत एक्सप्रेस, पहिले भैंस के झुंड से भइल रहे टक्कर, जानीं कइसे भइल हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत एक्सप्रेस एक बेर फिर हादसा के शिकार हो गइल। गांधीनगर-मुंबई वंदे भारत एक्सप्रेस शुक्क गुजरात के आणंद स्टेशन के लग्गे एगो गाय से टकरा गइल, जेसे ट्रेन के अगिला हिस्सा मामूली रूप से क्षतिग्रस्त हो गइल। एगो अधिकारी ई जानकारी दिहले बानें। नया शुरू भइल सेमी-हाई स्पीड ट्रेन एक दिन पहिले चार भैंसन के टक्कर मार देहले रहे अउर एकरे आगे के एक हिस्सा बदले के पड़ल रहे। रेलवे के एगो अधिकारी कहलें कि ताजा घटना में ट्रेन के कौनो बड़ नुकसान नाइ भइल, अउर अगिला हिस्सा के मामूली रूप से क्षति पहुंचल बा

अगिला हिस्सा के पहुंचल नुकसान 

शुक्रवार के घटना अपराह्न तीन बज के 48 मिनट पर मुंबई से 432 किलोमीटर दूर आणंद में भइल बा। पश्चिम रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित ठाकुर एकर पुष्टि करत कहलें, “ट्रेन के अगिला हिस्सा के मामूली नुकसान पहुंचल बा” उ कहलें कि सब यात्री सुरक्षित बानें। रेवले अधिकारी लोग बतावल कि डोदरा मंडल में आणंद के पास वंदे भारत ट्रेन गुजरले के दौरान ई घटना भइल। एमें वंदे भारत से एगो गाय टकरा गइल। ई ट्रेन 7 अक्टूबर 2022 के गांधीनगर से मुंबई के ओर जात रहल। ई घटना 15.48 बजे भइल। एह हादसे के बाद ट्रेन के लगभग 10 मिनट तक रोक के रखल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]