[the_ad_group id="30365"]

दर्दनाक मौतः मधुबनी में भीषण सड़क हादसा, चार के मौत, 6 घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मधुबनी में भईल एगो भयावह सड़क हादसा में चार लोग के मौत हो गईल। घटना अतवार के देर रात भईल। एह दुर्घटना में 6 लोग घायल हो गईले, जेकर इलाज एगो निजी अस्पताल में चलता। ई घटना एनएच 57 पs अररिया संग्राम थाना क्षेत्र के मौवाही गांव में भइल जब तेज रफ्तार से आवत गाड़ी के टायर फाट गइल।

स्थानीय लोगन से मिलल जानकारी के मोताबिक काल्ह देर रात मौवाही गांव के लगे एनएच 57 पs फुलपरास साइड से आवत एगो कार के टायर में विस्फोट हो गईल। गाड़ी के स्पीड तेज रहे एहसे गाड़ी बेकाबू हो गईल। बेकाबू कार एक के बाद एक तीन बाइक से टकरा गईल जवना से बईठल लोग घायल हो गईल। एकरा बाद गाड़ी सड़क पs बनल रेलिंग से टकरा गईल। टक्कर के चलते गाड़ी के बहुत नुकसान पहुंचल बा।

स्थानीय लोग बतावल कि मरेवाला में से दु लोग के मवके पs मौत हो गईल रहे। घवाहिल लोग के झंझारपुर अनुमंडल अस्पताल ले जाइल जात रहे। रास्ता में दू गो घवाहिलन के मौत हो गइल। इलाज करे वाला डॉक्टर के मोताबिक इलाज खाती भर्ती घायलन के हालत ठीक बा।

संग्राम ओपी पुलिस मरेवालन के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया। मरेवालन के पहचान नईखे हो पाईल। पुलिस एह लोग के पहचान करे के कोसिस में जुटल बिया। गाड़ी जब्त कर लिहल गइल बा।

साभार: हिन्दुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]