Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दर्दनाक मौतः मधुबनी में भीषण सड़क हादसा, चार के मौत, 6 घायल

स्थानीय लोग बतावल कि मृतकन में दु के मौत घटना स्थल पs हो गईल रहे। घायलन के झंझारपुर अनुमंडल अस्पताल ले जाईल जात रहे। रस्ता में दु घायल दम तूर दिहले। इलाजरत घायलन के हालत ठीक बा।

1,039
सीवान इन्शुरेंस 720 90

बिहार के मधुबनी में भईल एगो भयावह सड़क हादसा में चार लोग के मौत हो गईल। घटना अतवार के देर रात भईल। एह दुर्घटना में 6 लोग घायल हो गईले, जेकर इलाज एगो निजी अस्पताल में चलता। ई घटना एनएच 57 पs अररिया संग्राम थाना क्षेत्र के मौवाही गांव में भइल जब तेज रफ्तार से आवत गाड़ी के टायर फाट गइल।

स्थानीय लोगन से मिलल जानकारी के मोताबिक काल्ह देर रात मौवाही गांव के लगे एनएच 57 पs फुलपरास साइड से आवत एगो कार के टायर में विस्फोट हो गईल। गाड़ी के स्पीड तेज रहे एहसे गाड़ी बेकाबू हो गईल। बेकाबू कार एक के बाद एक तीन बाइक से टकरा गईल जवना से बईठल लोग घायल हो गईल। एकरा बाद गाड़ी सड़क पs बनल रेलिंग से टकरा गईल। टक्कर के चलते गाड़ी के बहुत नुकसान पहुंचल बा।

स्थानीय लोग बतावल कि मरेवाला में से दु लोग के मवके पs मौत हो गईल रहे। घवाहिल लोग के झंझारपुर अनुमंडल अस्पताल ले जाइल जात रहे। रास्ता में दू गो घवाहिलन के मौत हो गइल। इलाज करे वाला डॉक्टर के मोताबिक इलाज खाती भर्ती घायलन के हालत ठीक बा।

संग्राम ओपी पुलिस मरेवालन के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया। मरेवालन के पहचान नईखे हो पाईल। पुलिस एह लोग के पहचान करे के कोसिस में जुटल बिया। गाड़ी जब्त कर लिहल गइल बा।

Middle Yayawari

साभार: हिन्दुस्तान

290890cookie-checkदर्दनाक मौतः मधुबनी में भीषण सड़क हादसा, चार के मौत, 6 घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.