[the_ad_group id="30365"]

श्रावणी मेलाः सीवान के महेंद्रनाथ मंदिर में भगदड़, दु गो महिला के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सावन महीना के पहिला सोमारी पs राज्य के सब शिव मंदिरन में भीड़ लागल बा। शिवभक्त भगवान भोलेनाथ के जलाभिषेक कs रहल बा लो। प्रसिद्ध मंदिरन में जादे भीड़ जुटल बा काहेकि कोरोना के वजह से दु साल से श्रावणी मेला के आयोजन ना कइल जात रहे। दु साल बाद शिव भक्तन के आस्था सैलाब बनके उमड़ रहल बा।

एही बीच सीवान मे श्रावणी मेला में भगदड़ के घटना घट गइल बा। जिला के महेंद्रनाथ मंदिर में भगदड़ मच गइल जेमे दु गो महिला लो के मौत हो गइल। सिसवन प्रखंड अंतर्गत मेंहदार में इस्थित महेन्द्रनाथ मंदिर में पहिला सोमारी के पूजा-अर्चना खातिर भारी भीड़ उमड़ल बा। आज भोरे पूजा खातिर मंदिर के पट खुलते बड़ संख्या में लोग एक साथे घुसे खातिर उमड़ पड़ल। एह वहज से मचल भगदड़ में दु गो महिला लो के मौत हो गइल आ तीन गो श्रद्धालु जख्मी हो गइल लो। जानकारी के मोताबिक परिजन लो शवन के अपना कब्जा में ले लिहल लो आ शव लेके घर चल गइल लो।

एह ममिला में सदर एसडीओ बतवले कि भीड़ बेसी होखे के वजह से एगो महिला के मौत के जानकारी मिलल बा।  एसडीओ कहले कि महिला पहिलही से बेमार रहल आ एही वजह से उनकर मौत हो गइल। ऊ कहले कि ममिला में जादे जानकारी लिहल जा रहल बा।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]