[the_ad_group id="30365"]

महिला ग्राम प्रधान के बदमाश घर पs चढ़के मरले गोली

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खजनी। हरपुर बुदहट थाना अंतर्गत ग्राम पंचायत रघुनाथपुर के वर्तमान महिला ग्राम प्रधान के अतवार के साँझ लससम 6:00 बजे अज्ञात बदमाश घर पs चढ़ के गोली मार देले सs। घटना के अंजाम देला के बाद बादमाश मवका से फरार हो गइलें सs। परिजन पुलिस के सूचना देत घायल के उपचार खातिर सहजनवां रवाना हो गइल लो।

ग्रामीण लोग के अनुसार दु गो बाइक पs सवार चार गो युवक मिथिलेश गूप्ता के घरे पहुंचले। मिथिलेश के मां मीरा देवी चौंकी पs बइठल रहली तबे दु गो युवक बाइक से उतरले सs, जब तक मीरा देवी कुछ समझ पवती तब तक कनपटी पs पिस्तौल सटाके बदमाशन द्वारा फायर झोंक दिहल गइल। ऊ लहूलुहान होके चौंकी पs गिर पड़ली। वारदात के अंजाम देला के बाद बदमसज मवका से फरार हो गइले। बतावल जात बा कि गोली आर-पार हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]