[the_ad_group id="30365"]

Road Accident: कुशीनगर हाईवे पs तेज रफ्तार वाहन बाइक के मरलस टक्कर, हादसा में शिक्षिका के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: कुसम्ही जंगल में कुशीनगर हाईवे पs सड़क हादसा में एगो शिक्षिका के मौत हो गइल। ऊ ढाई साल के बेटा आ पति के संगे बाइक से गोरखपुर से कुशीनगर जात रहली। तेज रफ्तार वाहन उनका बाइक में ठोकर मार देलस। सड़क पs माथा के बल गिरला से शिक्षिका के गंभीर चोट आ गइल। बेटा आ पति बाल-बाल बच गइल लो। दुर्घटना के बाद गाड़ी लेके चालक फरार हो गइल। घायल शिक्षिका के जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

कुशीनगर जिला के कसया निवासी निधि पांडेय (35) शिक्षिका रहली। पति विवेक पांडेय आ ढाई साल के बच्चा के संगे बाइक से कवनो काम से अतवार के गोरखपुर आइल रहली। देर सांझ घरे लवटत रहली। निधि के बड़ बेटी घर पs रहे। विवेक पांडेय के कसया में दुकान बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]