Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Road Accident: कुशीनगर हाईवे पs तेज रफ्तार वाहन बाइक के मरलस टक्कर, हादसा में शिक्षिका के मौत

कुशीनगर रहे वाली शिक्षिका अपना पति आ बेटा के संगे गोरखपुर कवनो काम से आइल रहली। लवटत घरी तेज रफ्तार वाहन उनका बाइक में ठोकर मार देलस। गंभीर रूप से घायल शिक्षिका के अस्पताल ले जाइल गइल जहां डॉक्टर मृत घोषित कs देलस।

380

गोरखपुर: कुसम्ही जंगल में कुशीनगर हाईवे पs सड़क हादसा में एगो शिक्षिका के मौत हो गइल। ऊ ढाई साल के बेटा आ पति के संगे बाइक से गोरखपुर से कुशीनगर जात रहली। तेज रफ्तार वाहन उनका बाइक में ठोकर मार देलस। सड़क पs माथा के बल गिरला से शिक्षिका के गंभीर चोट आ गइल। बेटा आ पति बाल-बाल बच गइल लो। दुर्घटना के बाद गाड़ी लेके चालक फरार हो गइल। घायल शिक्षिका के जिला अस्पताल ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

कुशीनगर जिला के कसया निवासी निधि पांडेय (35) शिक्षिका रहली। पति विवेक पांडेय आ ढाई साल के बच्चा के संगे बाइक से कवनो काम से अतवार के गोरखपुर आइल रहली। देर सांझ घरे लवटत रहली। निधि के बड़ बेटी घर पs रहे। विवेक पांडेय के कसया में दुकान बा।

453060cookie-checkRoad Accident: कुशीनगर हाईवे पs तेज रफ्तार वाहन बाइक के मरलस टक्कर, हादसा में शिक्षिका के मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.