[the_ad_group id="30365"]

ऋषभ पंत भारत के पूर्व विकेटकीपरन पर पड़ गइलन भारी, विदेशी धरती पर टेस्ट क्रिकेट में बनवले नया रिकार्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऋषभ पंत के उमिर महज 24 साल बा आ ऊ टेस्ट क्रिकेट में आपन नाम बना लिहले बाड़न ऊ उपलब्धि जवना के भारत के सगरी पूर्व विकेटकीपर बल्लेबाज मिल के हासिल कर पवले. ऋषभ पंत टेस्ट क्रिकेट में विदेशी धरती पर ओतने शतक बनवले बाड़न, जेतना शतक भारत के पूर्व विकेटकीपर एक साथ सबले लमहर फॉर्मेट में कइले बाड़न. एतने ना, पूर्व विकेटकीपर 260 मैच में जेतना शतक बनवले बाड़े, अकेले पंत 23 मैच में ओतने शतक बनवले बाड़े।

दरअसल ऋषभ पंत आपन चउथा टेस्ट शतक बियफे 1 जुलाई 2022 के इंग्लैंड का खिलाफ विदेशी धरती पर बनवले रहले. भारत खातिर कवनो एक विकेटकीपर बल्लेबाज विदेशी धरती पर अतना शतक नइखन बनवले. विदेशी धरती पर टेस्ट मैच खेलत घरी भारत के पूर्व विकेटकीपर भी चार शतक बनवले बाड़े। 23वां टेस्ट मैच में पंत जहां विदेश में आपन चउथा शतक बनवले उहें बाकी विकेट-कीपर 260 मैच में 4 शतक बनवले बाड़े।

ऋषभ पंत से पहिले विजय मांजरेकर 1953 में वेस्टइंडीज में शतक बनवले रहले, जबकि अजय रातरा 2002 में कैरेबियन टीम के खिलाफ एगो टेस्ट शतक भी विकेट कीपर बल्लेबाज के रूप में बनवले रहले। एकरा साथे एमएस धोनी विदेशी धरती पर एकमात्र टेस्ट शतक विकेटकीपर का रूप में स्टड कइलन जब ऊ साल 2006 में पाकिस्तान का खिलाफ शतक बनवले रहले. एकरा अलावे विद्धिमन साहा साल 2016 में वेस्टइंडीज में शतक बनवले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]